Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

छपरा से चले वाली कइयन गो ट्रेन रद्द: 22 से 26 जून तक ना चलिहे सs गाड़ी, देखीं पूरा लिस्ट

236

छपरा से चले वाली कइयन ट्रेनन के रद्द कइल गइल बा। वाराणसी मंडल के औड़िहार स्टेशन के यार्ड रिमॉडलिंग कार्य, इंटरलॉकिंग कार्य आ औड़िहार-भटनी रेल खंड पs औड़िहार-सादात स्टेशनन के बीच पैच डबलिंग कार्य के चलते यातायात ब्लॉक होखे के कारण 22 से 26 जून तक कइयन गाड़ियन के रद्द कइल गइल बा।

एकर जानकारी जनसंपर्क पदाधिकारी अशोक कुमार देलें। ब्लॉक अवधि के बाद सब ट्रेन अपना नॉर्मल समय आ मार्ग से संचालित होके चले लागी।

एह ट्रेनन के कइल गइल रद्द

  • 22 से 26 जून,2023 तक चले वाली 05133/05134 औड़िहार-जौनपुर-औड़िहार अनारक्षित विशेष गाड़ी रद्द रही।
  • 22 से 26 जून,2023 तक चले वाली 05143/05144 औड़िहार-जौनपुर-औड़िहार अनारक्षित विशेष गाड़ी रद्द रही।
  • 22 से 26 जून,2023 तक चले वाली 05137/05138 मऊ-प्रयागराज-मऊ अनारक्षित विशेष गाड़ी रद्द रही।
  • 22 से 26 जून,2023 तक चले वाली 05147/05148 भटनी-वाराणसी सिटी-भटनी अनारक्षित विशेष गाड़ी रद्द रही।
  • 22 आ 26 जून,2023 के चले वाली 05427/05428 आजमगढ़-वाराणसी सिटी-आजमगढ़ अनारक्षित विशेष गाड़ी रद्द रही।
  • 22 से 26 जून,2023 तक चले वाली 05437/05438 गाजीपुर सिटी-प्रयागराज संगम-गाजीपुर सिटी अनारक्षित विशेष गाड़ी रद्द रही।
  • 22 से 26 जून,2023 तक चले वाली 01747/01748 भटनी-वाराणसी सिटी-भटनी अनारक्षित विशेष गाड़ी रद्द रही।
  • 22 से 26 जून,2023 तक चले वाली 05446/05445 वाराणसी सिटी-छपरा-वाराणसी सिटी अनारक्षित विशेष गाड़ी रद्द रही।
  • 22 से 26 जून,2023 तक चले वाली 15129/15130 गोरखपुर-वाराणसी सिटी-गोरखपुर एक्सप्रेस रद्द रही।
  • 22 आ 26 जून,2023 के चले वाली 15111/15112 छपरा-वाराणसी सिटी-छपरा इंटरसिटी एक्सप्रेस रद्द रही।
  • 23 से 26 जून,2023 तक चले वाली 05169/05170 बलिया-प्रयागराज रामबाग-बलिया एक्सप्रेस रद्द रही।
  • 22 जून,2023 के वाराणसी सिटी से चले वाली 15552 वाराणसी सिटी- दरभंगा एक्सप्रेस 22 जून के रद्द रही।
  • 22 जून,2023 के बनारस से चले वाली गाड़ी संख्या 15104/15103 बनारस-गोरखपुर इंटरसिटी एक्सप्रेस 22 जून के रद्द रही।
573360cookie-checkछपरा से चले वाली कइयन गो ट्रेन रद्द: 22 से 26 जून तक ना चलिहे सs गाड़ी, देखीं पूरा लिस्ट

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.