ट्विटर पs पोस्ट पढ़े के डेली लिमिट तय भइल: अकाउंट वेरिफाइड नइखे तs रोज खाली हजार ट्वीट पढ़ सकेम; मस्क बोललें- ई डेग अस्थायी

Anurag Ranjan

ट्विटर के मालिक एलन मस्क सनीचर के ट्विटर पोस्ट पढ़े के सीमा तय कs देलें। मस्क कहलें, वेरिफाइड यूजर अब एक दिन में मात्र दस हजार पोस्ट पढ़ सकी लो। अनवेरिफाइड यूजर एक हजार पोस्ट, ओहिजा नया अनवेरिफाइड यूजर रोज खाली 500 पोस्ट पढ़ पाई लो।

असल में, सनीचर के कइयन गो यूजर्स शिकायत कइल लो कि ट्विटर काम नइखे कर रहल। वेबसाइट खोलतही ‘कान्ट रिट्रीव ट्वीट्स’ आ ‘यू आर रेट लिमिटेड’ के एरर मैसेज लउक रहल बा। एकरा बाद रात में एलन मस्क ट्विटर के इस्तेमाल के सीमित करे के घोषणा कइलें।

सबसे पहिले ट्वीट में मस्क कहलें कि डेटा स्क्रैपिंग आ सिस्टम मैनिपुलेशन से बांचें खातिर ट्विटर पs अस्थायी रूप से लिमिट लगावल गइल बा।

मस्क 2 बेर लिमिट बढ़वलें

  • मस्क पहिला ट्वीट कइलें- वेरिफाइड अकाउंट अब रोज खाली छव हजार, अनवेरिफाइड यूजर खाली 600 आ नया अनवेरिफाइड अकाउंट मात्र 300 पोस्ट पढ़ पाई।
  • तनिका देर बाद एगो आउर ट्वीट कs के ऊ एह लिमिट के बढ़ाके 8000 पोस्ट, 800 पोस्ट आ 400 पोस्ट कइले रहस।
  • एकरा बाद ऊ एगो आउर ट्वीट कइलें। एमे ऊ वेरिफाइड खातिर लिमिट 10 हजार, पुरान अनवेरिफाइड यूजर खातिर 1 हजार आ नया अनवेरिफाइड यूजर खातिर लिमिट के 500 कs देलें।

ट्विटर लॉगिन ना करे वाला यूजर्स के ब्लॉक कइल सुरू कइलस 

एकरा पहिले सुक के बिना लॉगिन कइले ट्वीट देखे वाला लोगन के ट्वीटर ब्लॉक कs देले रहे। माने फिलहाल जवना लोगन के ट्विटर पs अकाउंट नइखे भा जवन लोग ट्विटर में लॉगिन कइले बिना ट्वीट पढ़ लिहल करत रहे, ओकरा अब ट्वीट ना लउकी। यूजर्स के पहिले ट्विटर में लॉगिन करे के होई। एलन मस्क एहु डेग के अस्थायी बतवले रहस।

ट्विटर कैरेक्टर लिमिट 25,000 कइलस 

माइक्रोब्लॉगिंग प्लेटफॉर्म ट्विटर (Twitter) अब कैरेक्टर लिमिट के 25,000 कs देले बा। संगही यूजर अब कैरेक्टर के साथे इमेजो एड कs सकी लो। कंपनी अपना ऑफिशियल ट्विटर हैंडल से एकर अनाउंसमेंट कइले बिया।

Share This Article
Content Creator
Follow:
सिविल इंजीनियर, भोजपुरिया, लेखक, ब्लॉगर आ कमेंटेटर। खेल के दुनिया से खास लगाव। परिचे- एगो निठाह समर्पित भोजपुरिया, जवन भोजपुरी के विकास ला लगातार प्रयासरत बा। खबर भोजपुरी के एह पोर्टल पs हमार कुछ खास लेख आ रचना रउआ सभे के पढ़े के मिली। रउआ सभे हमरा के आपन सुझाव anuragranjan1998@gmail.com पs मेल करीं।