Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

बिहान 2.30 बजे जोरदार विस्फोट के संगे 12 सेकेंड में मलबे में ढेर होई ट्विन टॉवर, 70 मीटर दूर से दबावल जाई बटन

262
Google Ads 300*250 for posts

नोएडा में सुपरटेक बिल्डर के ट्विन टावर के 28 अगस्त के दुपहर 2:30 बजे महज 12 सेंकेंड में गिरा देहल जाई। एसे ठीक 15 मिनट पहिले एक्सप्रेसवे पर डायवर्जन व्यवस्था लागू कर देहल जाई। नोएडा एक्सप्रेसवे पर ब्लास्ट के बाद धूल हटले ले गाड़ियन के आवाजाही पूरा तरह से बंद रही। ट्रैफिक पुलिस शुक्रवार साँझ एकरे खातिर डायवर्जन प्लान जारी कs देहल गइल बा। लोग गूगल मैप के भी इस्तेमाल कs सकेने। एह पर ट्विन टावर अउरी एक्सप्रेसवे पर डायवर्जन के व्यवस्था अपडेट कइल गइल बा। ट्विन टावर के जोड़े वाले सब रास्ता पs डायवर्जन लागू कs देहल गइल बा। रविवार बिहाने सात बजे से एह रास्ता पर ढेर सख्ती बरतल जाई। सात बजे के बाद ट्विन टावर ओर केहू के नाइ जाए देहल जाई। हालांकि, टावर के आसपास के दू सोसाइटी एटीएस विलेज अउरी एमराल्ड कोर्ट में रहे वाला लोग के बाहर अइले के इजाजत होई।

दूनों सोसाइटी में कुल 40 टावर अउर चार विला बा। प्रेसवार्ता में पुलिस कमिश्नर कार्यालय के सभागार में डीसीपी सेंट्रल राजेश एस, डीसीपी ट्रैफिक गणेश प्रसाद साहा अउर एसीपी-दो रजनीश वर्मा ट्रैफिक प्लान जारी करत व्यवस्था के जानकारी देहलें।

314540cookie-checkबिहान 2.30 बजे जोरदार विस्फोट के संगे 12 सेकेंड में मलबे में ढेर होई ट्विन टॉवर, 70 मीटर दूर से दबावल जाई बटन

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.