उत्तर-पश्चिमी तुर्की के एगो स्की रिसॉर्ट में सोमार के देर रात एगो होटल में लागल आग में 66 लोग के मउत हो गइल आ कई लोग घवाहिल हो गइल. घाही लोग के अस्पताल में भर्ती करावल गइल बा। अधिकारी एकरा बारे में जानकारी देले बाड़े। गृहमंत्री अली येरलिकाया बतवले कि बोलू प्रांत के कार्तलकाया रिसॉर्ट के एगो होटल रेस्टोरेंट में आग लागल बा। टेलीविजन पs देखावल गईल आग के विजुअल में होटल के छत अवुरी ऊपरी मंजिल में आग लागल देखाई देलस। आग लागे के कारण पता ना चल पावल।

लोग घबराहट में बिल्डिंग से कूदले
सरकारी समाचार एजेंसी अनादोलु राज्यपाल अब्दुल अजीज आयदीन के हवाला से कहलस कि, घबराहट में इमारत से कूदला के बाद दु लोग के मउत हो गईल। निजी ‘एनटीवी टेलीविजन’ अपना खबर में खबर दिहलस कि कुछ लोग चादर के मदद से अपना कमरा से उतरे के कोशिश कइल. आयदीन बतवले कि होटल में 234 मेहमान ठहरल रहले।
BREAKING: A fire at a ski resort hotel in northwest Turkey kills at least 10 people and injures another 32, officials said. https://t.co/c5tipswOhY
— The Associated Press (@AP) January 21, 2025