नई दिल्ली। दक्षिण कोरिया में चीनी राष्ट्रपति शी चिनफिंग के संगे ‘सफल’ बैठक के बाद अमेरिकी राष्ट्रपति डोनल्ड ट्रंप बियफे के कहलें कि ऊ चीन पऽ फेंटेनाइल टैरिफ घटा के 10 प्रतिशत कs दिहें।
दूनो नेता ग्योंगजू में एशिया-प्रशांत आर्थिक सहजोग (APEC) शिखर सम्मेलन से अलगा बुसान में मुलाकात कइलें। ट्रंप कहलें कि चीन आ अमेरिका के बीच एगो विवाद सुलझ गइल बा।
एकरा अलावे, ऊ कहलें कि महत्वपूर्ण रेअर अर्थ मिनिरल्स आपूर्ति पs चीन के संगे समझौता एक साल खातिर बढ़ावल जा सके वाला समझौता हs। ट्रंप एयर फोर्स वन में पत्रकारन से कहलें, “रेअर अर्थ मिनिरल्स खनिजन के निपटारा हो गइल बा आ ई दुनिया के खातिर हs।”
ऊ आगे कहलें कि एह समझौता पs हर साल फेर से बातचीत कइल जाई।
यूक्रेन में युद्ध के रोके में मदद पs सहमति
एकरा अलावे, ट्रंप कहलें कि ऊ आ शी चिनफिंग यूक्रेन में युद्ध के सुलझावे के मुद्दा पs मिल के काम कइला पs सहमत भइल लोग। ऊ कहलें, “यूक्रेन कि मुद्दा बहुत जोरदार तरीका से उठल। हमनी एह बारे में बहुत देर तक बात कइलें आ हमनी के दूनो मिल के काम करेम सs ताकि पता चल सके कि हमनी के कवनो नतीजा निकल पावेनी सs कि ना।”
ट्रंप आगे कहलें कि चीनी राष्ट्रपति अमेरिका के मदद करिहें आ यूक्रेन पs मिल के काम कइल जाई। शी चिनफिंग के संगे अपना बैठक के बहुते सफल बतावत ट्रंप पत्रकारन से कहलें कि ऊ अप्रैल 2026 में चीन के दौरा करिंहे।
Read Also: Tulsi Vivah 2025 : तुलसी विवाह में जरूर सामिल करीं ई चीज, आसिरबाद बना के रखीं हे मां लक्ष्मी








