IAS Transfer: यूपी में छव आईएएस अधिकारियन के तबादला, फिरोजाबाद के DM रवि रंजन हटावल गइलें, गोंडा के जिलाधिकारी बदलले 

Share

उत्तर प्रदेश में छव आईएएस अधिकारियन के तबादला कइल गइल बा। फिरोजाबाद के जिलाधिकारी रवि रंजन हटावल  गइल बाड़ें। गोंडा के डीएम उज्ज्वल कुमार के फिरोजाबाद के नया जिलाधिकारी नियुक्त कइल गइल बा।

नेहा शर्मा निदेशक नगरीय निकाय के गोंडा के जिलाधिकारी बनावल गइल बा। राजेश त्यागी विशेष सचिव उच्च शिक्षा के अमरोहा के डीएम नियुक्त कइल गइल बा। कानपुर जिलाधिकारी विशाख जी के कानपुर विकास प्राधिकरण के अतिरिक्त प्रभार दिहल गइल बा। कानपुर विकास प्राधिकरण के वीसी अरविंद कुमार सिंह के बलरामपुर के डीएम बनावल  गइल बा।

 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-