Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

ट्रेन अपडेट : सिवान-पटना इंटरसिटी एक्सप्रेस चलावे के फैसला, समय सारिणी जारी

नई ट्रेन : रेलवे पटना-सिवान-सिवान-पटना इंटरसिटी एक्सप्रेस पटना-सिवान के बीच चलावे के फैसला कईले बिया। एकरा खातीर ट्रेन के टाइम टेबल भी जारी क दिहल बा। 31 मई से ट्रेन चलावे के संभावना जतावल जाता।

533

 

 

बिहार के सिवान से पटना आवे जाए वाला यात्रियन के अब बहुत सुविधा मिले वाला बा। अब रेलवे दुनो शहर के बीच ट्रेन चलावे के फैसला कईले बिया। सिवान-पटना के बीच एगो जोड़ी नया ट्रेन चलावल जा रहल बा।

रेलवे के ई फैसला यात्रियन खातिर राहत के खबर बा। एह ट्रेन के शुरुआत से सिवान के संगे छपरा के लोग के पहुंचल आसान हो जाई। संगही समय बहुत कम होई अवुरी यात्री बिना ट्रेन बदलले सीधा सिवान से पटना अवुरी पटना से सिवान जाए के मौका मिली।

पटना से 9:45 बजे खुली

पूर्व मध्य रेलवे हाजीपुर के चिट्ठी के मुताबिक, सिवान-पटना के बीच चले वाली इंटरसिटी एक्सप्रेस पटना रेलवे स्टेशन से सुबह 9:45 बजे शुरू होई, जवन कि 1:15 बजे सिवान जंक्शन पहुंची। दूसर ओर सिवान जंक्शन से निकले वाली इंटरसिटी एक्सप्रेस दुपहरिया 2 बजे खुलला के बाद 17:50 बजे पटना पहुंची। एकरा संगे-संगे जीएम के चिट्ठी भेजल गईल बा, जवना तारीख से ट्रेन पटरी पे चले लागी। अनुमान बा कि 1 से 2 सप्ताह के भीतर इ ट्रेन चले लागी।

पुरान मांग

सिवान के लोग बहुत दिन से सिवान से सीधा पटना ट्रेन चलावे के मांग करत रहले। कई बेर स्थानीय जनता के संगे जनप्रतिनिधि भी एकरा के लेके धरना देले। इहाँ तक कि सदन में एकर मांग कई बेर उठल। एकरा बाद जनता के सुविधा के देखत रेलवे ट्रेन चलावे के फैसला कईले बिया अवुरी समय सारिणी जारी क देले बिया। रेलवे जनसंपर्क अधिकारी अशोक कुमार बतवले कि सभ तैयारी पूरा हो चुकल बा। पूर्व मध्य रेलवे जीएम के चिट्ठी भेजले बा। जीएम से अनुमति मिलला के बाद इ ट्रेन पटरी पे चले लागी अवुरी यात्री ए इंटरसिटी ट्रेन से यात्रा शुरू क दिहे।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.