Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

यूपी: हाइटेक हथियारन आ उपकरणन से लैस होई प्रदेश के 10 एयरपोर्ट, लखनऊ सहित ई हवाई अड्डा बा लिस्ट में सामिल

60
Google Ads 300*250 for posts

यूपी: हाइटेक हथियारन आ उपकरणन से लैस होई प्रदेश के 10 एयरपोर्ट, लखनऊ सहित ई हवाई अड्डा बा लिस्ट में सामिल

प्रदेश सरकार हवाई अड्डन के सुरक्षा बेवस्था अंतरराष्ट्रीय स्तर के करी। दस हवाई अड्डन के सुरक्षा बेवस्था में तैनात उत्तर प्रदेश स्पेशल सिक्योरिटी फोर्स (यूपीएसएसएफ) के 10 क्विक रिस्पांस टीम (क्यूआरटी) खातिर अंतरराष्ट्रीय स्तर के स्मार्ट हथियार आ उपकरण किनल जाई। एह संबंध में सोमार के शासन 14.60 करोड़ रुपिया के मंजूरी दे देलस।

अपर पुलिस महानिदेशक मुख्यालय आठ जुलाई के एयरपोर्ट के सुरक्षा के लेके रिपोर्ट सउपले रहे। एमे लखनऊ, वाराणसी, प्रयागराज, कानपुर, आगरा, गाजियाबाद, अयोध्या, झांसी, गोरखपुर, बरेली एयरपोर्ट पs तैनात क्यूआरटी टीम खातिर उपकरण आ शस्त्रन के जरूरत बतावल गइल रहे। एकरा तहत लाइट मशीन गन, कार्नर शाट गन, स्नाइपर राइफल, टैक्टिकल बैलिस्टिक शील्ड, डिजिटल सिक्योर सेट्स, एडवांस टीजर गन आदि हथियार आ उपकरण किनल जाई।

एयरपोर्ट रेड जोन के अवैध निर्माणन के भइल सर्वे

लखनऊ एयरपोर्ट प्रबंधन रेड जोन में हो रहल अवैध निर्माण पs चिंता जतावत एलडीए के पत्र लिखालस तs सोमार के टीम सर्वे कइलस। एलडीए वीसी प्रथमेश कुमार ममिला में तीन सदस्यीय जांच टीम गठित कइले रहस। एमे सामिल अपर सचिव ज्ञानेंद्र वर्मा, ओएसडी देवांश त्रिवेदी आ अधिशासी अभियंता संजीव गुप्ता इलाकाई इंजीनियरन के संगे दुपहरिया करीब 12 बजे अदाणी एयरपोर्ट प्रबंधन के संगे बैठक कइलस। एह बैठक में प्रबंधन टीम के बतावल गइल कि एयरपोर्ट के बाउंड्री के लगे तक धड़ल्ले से निर्माण हो रहल बा, जवना से ऊंचाई से फ्लाइट के उतरे आ उड़ान भरे के दौरान बड़ हादसा के अंदेसा बा। बैठक के बाद टीम मवका के मुआयना कइलस तs पावल कि जवना निर्माण पर अदाणी एयरपोर्ट प्रबंधन आपत्ति दर्ज करवले बा ओकरा पs एलडीए पहिलही कार्रवाई कs चुकल बा। ई सब अवैध निर्माण बिजनौर थाना क्षेत्र के बा, जवना के तादाद 50 से जादे बा। एकर एलडीए कोर्ट में सुनवाई चल रहल बा। एकनी के सील कs दिहल जाई।

आईटी सिटी में मिलल दुगो अवैध निर्माण

एलडीए के टीम सोमार के सुल्तानपुर रोड के प्रस्तावित आईटी सिटी के औचक निरीक्षण कइलें। एलडीए जवना जमीन पs आईटी सिटी के धरातल पs उतारे के ताना-बाना बुनलस। उहां पs दुगो मकान अवैध रूप से बनत बा। टीम एह मकानन के अवैध निर्माण के रुकवा देले बा।

928350cookie-checkयूपी: हाइटेक हथियारन आ उपकरणन से लैस होई प्रदेश के 10 एयरपोर्ट, लखनऊ सहित ई हवाई अड्डा बा लिस्ट में सामिल

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.