Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

उधमपुर विस्फोट : आठ घण्टा  में 2 धमाका से दहलल ऊधमपुर, आतंकी साजिश के आशंका, सुरक्षाबल पहुँचल

417
Google Ads 300*250 for posts
ऊधमपुर में आठ घण्टा के अंदर एक अउरी बस में रहस्यमयी धमाका भइल बा। हादसा में केहू के हताहत होखले के फिलहाल खबर नाइ बा। बियफ़े के सुबह करीब पांच बज के 40 मिनट पर ई विस्फोट भइल। एहमें वाहन एकदम क्षतिग्रस्त हो गइल बा। जिला में दू धमाका से हड़कंप मच गइल बा। मौका पर पुलिस अउरी सुरक्षाबल के टीम मौजूद बा। सुरक्षा एजेंसियां अलर्ट पर बा।
इससे पहले बुधवार को उधमपुर में सैन्य चौकी के पास पेट्रोल पंप पर खड़ी बस में शक्तिशाली धमाका हुआ। धमाके से दो बसें क्षतिग्रस्त हो गईं, जबकि दो लोग घायल हो गए।
पहिला नजर में एके आतंकी साजिश मानल जा रहल बा। सेना, सीआरपीएफ अउरी पुलिस इलाका के घेर के छानबीन शुरू कs देहले बा। पुलिस सूत्र बतवलस कि उधमपुर में पुरान हाईवे पर टीसीपी दोमेल क्षेत्र में बैगड़ा पेट्रोल पंप पर एगो मिनी बस समेत छह बस ठाढ़ रहल।

रोज के तरे बसंतगढ़ रूट के बस (जेके14डी-6857) साँझ छह बजे ठाढ़ रहल। रात 10.30 बजे एह बस में जोरदार धमाका भइल। बस अउरी लगही ठाढ़ मिनी बस (जेके14जी-5147) के एक हिस्सा भी चकनाचूर हो गइल।

बस कंडक्टर सुनील सिंह अउर मिनी बस कंडक्टर विजय कुमार घायल भइल बानें जिनके अस्पताल पहुंचावल गइल बा। धमाका एतना जोरदार रहल कि आसपास के आवासीय इलाका में इमारत में भी कंपन महसूस कइल गइल। पुलिस, सेना अउरी सीआरपीएफ के आला अफसर लोग घटनास्थल पs पहुंच के छानबीन कइलस।

पेट्रोल पंप के ठीक सामने सेना के चौकी भी बा। खुफिया एजेंसियन अउरी पुलिस आतंकी हमला के एंगल से इन्कार नाइ कs रहल बा। हालांकि अभिन ले धमाका के वजह साफ नाइ हो पवलें बा। उहवें, एसे कुछ घण्टा पहिलही नियंत्रण रेखा (एलओसी) से सटल पुंछ जिला में एक महिला के चार किलो आईईडी के संगे पकड़ल गइल।

345250cookie-checkउधमपुर विस्फोट : आठ घण्टा  में 2 धमाका से दहलल ऊधमपुर, आतंकी साजिश के आशंका, सुरक्षाबल पहुँचल

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.