Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

टाइटन पनडुब्बी में सवार सब पांच लोगन के मौत: एकर मलबा टाइटैनिक के मलबा के 1600 फीट नीचे मिलल, चार दिन से लापता रहे

193

टाइटन पनडुब्बी में सवार सब पांच लोगन के मौत: एकर मलबा टाइटैनिक के मलबा के 1600 फीट नीचे मिलल, चार दिन से लापता रहे

टाइटन पनडुब्बी के मलबा अटलांटिक महासागर में मिल गइल  बा। ई टाइटैनिक जहाज के मलबा से 1600 फीटे नीचे बा। पनडुब्बी 18 जून के सांझ के पायलट समेत चार टूरिस्टन के  टाइटैनिक के मलबा देखावे गइल रहे, बाकिर 1:45 घंटा बाद लापता हो गइल रहे।

सबमरीन में मवजूद पांचों लोगन के मौत हो गइल रहे। एमे ब्रिटिश बिजनेसमैन हैमिश हार्डिंग, फ्रांस के डाइवर पॉल-हेनरी, पाकिस्तानी-ब्रिटिश कारोबारी शहजादा दाऊद, उनकर बेटा सुलेमान आ ओशनगेट कंपनी के CEO स्टॉकटॉन रश सामिल बा लो। अमेरिकी कोस्ट गार्ड के अधिकारी बियफे सांझ के एकर पुष्टि कइल लो। हालांकि, एह लोगन के शव अब तक बरामद नइखे भइल।

अमेरिकी कोस्ट गार्ड के रिअर एडमिरल जॉन मॉगर कहलें, ‘अटलांटिक महासागर में पनडुब्बी के मलबा के रिमोटली ऑपरेटेड व्हीकल से खोजल गइल। संभव बा कि एमे विस्फोट भइल होखे। हालांकि, अभी ई बतावल जल्दबाजी होई कि विस्फोट कब भइल। एह बारे में अभी बहुते सवाल बा, जेकर जवाब तलाशे के बा।’

रॉयटर्स के मोताबिक, ई पनडुब्बी भारतीय समय के मोताबिक 18 जून के सांझ 5:30 बजे अटलांटिक महासागर में छोड़ल गइल रहे। ई 1:45 घंटे बाद लापता हो गइल रहे। पिछला 4 दिन से सर्च ऑपरेशन जारी रहे, जवन अब खतम कs दिहल गइल बा। सर्चिंग में अमेरिका, कनाडा, फ्रांस आ ब्रिटेन के एयरक्राफ्ट्स आ जहाज सामिल रहे।

मलबा में पनडुब्बी के 5 हिस्सा बरामद, विस्फोट के आशंका

CNN के मोताबिक, मलबा में 22 फीट लमहर टाइटन पनडुब्बी के 5 हिस्सा बरामद भइल बा। एमे टेल कोन आ प्रेशर हल के 2 सेक्शन सामिल बा। अमेरिकी कोस्ट गार्ड अधिकारी लोग बतावल कि मलबा में फिलहाल कवनो पैसेंजर के अवशेष नइखे मिलल। पनडुब्बी बनावे वाली कंपनी ओशनगेट कहलस- हादसा में जवना लोगन के मौत भइल ऊ सही मायना में एक्सप्लोरर्स रहे लो। हमनी के एह कठिन समय में ओह लोगन के परिवार के संगे बानी।

कोस्ट गार्ड के रिअर एडमिरल मॉगर बतवलें कि एगो रोबोट एयरक्राफ्ट अटलांटिक महासागर में लगातार मलबा इकट्ठा करत रही। एकरा माध्यम से हादसा के बारे में आउर जानकारी जुटावे के कोसिस कइल जाई। हालांकि, महासागर में एतना गहराई से मरे वाला लोगन के बारे में कुछओ पता लगावल बहुत मुस्किल बा।

पनडुब्बी के खोजे खातिर महासागर में सोनार-बॉय छोड़ल गइल रहे। ई 13 हजार फीट के गहराई तक मॉनिटर करे में सक्षम होला।

रडार पs मिलल रहे विस्फोट के सिग्नल

बियफे के अमेरिकी नेवी के एगो अफसर बतवलें कि टाइटन पनडुब्बी के आखिरी लोकेशन टाइटैनिक जहाज के लगे से रिकॉर्ड कइल गइल रहे। लापता होखला के कुछ देर बाद रडार पs विस्फोट से जुडेल कुछ सिग्नलो मिलल रहे। ई जानकारी तुरंत कमांडर के संगे शेयर कs दिहल गइल रहे। जवना से सर्च ऑपरेशन में मदद मिल सके।

21 जून के मलबा के लगे से आइल रहे कुछ आवाज

एकरा पहिले बुध (21 जून) के कनाडा के तरफ से सर्च ऑपरेशन में सामिल एगो एयरक्राफ्ट के सोनार-बॉय के मदद से कुछ आवाज सुनाई देले रहे। CNN के मोताबिक, ई उहे जगह के लगे रिकॉर्ड कइल गइल रहे, जहां टाइटैनिक के मलबा मवजूद रहे। आवाज करीब 30 मिनट के इंटरवल पs रिकॉर्ड भइल रहे। फेर 4 घंटा बाद सोनार दोबारा एकरा के डिटेक्ट कइले रहे।

575330cookie-checkटाइटन पनडुब्बी में सवार सब पांच लोगन के मौत: एकर मलबा टाइटैनिक के मलबा के 1600 फीट नीचे मिलल, चार दिन से लापता रहे

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.