Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

4 हजार में मिल रहल 32 हजार वाला Oppo F21s Pro 5G, अइसे कs सकत बानी ऑर्डर

Oppo F21s Pro 5G के रउआ 4 हजार रुपिया में किन सकत बानी, बाकिर एकरा खातिर रउआ कुछ चीजन के खास धेयान रखे के होई।

2,500
Google Ads 300*250 for posts

Oppo Smartphone: रउआ खातिर बेस्ट ऑप्शन साबित हो सकत बा। जदि नया स्मार्टफोन किने के प्लान कs रहल बानी तs ई सबसे सही समय साबित होखे वाला बा। आज हम रउआ सभे के Oppo F21s Pro 5G पs चल रहल डिस्काउंट के बारे में बतावे जा रहल बानी सs। बाकिर एह फोन के किने से पहिले रउआ कुछ चीजन के बारे में जान लेवे के चाहीं। तs चलीं एकरा बारे में कुछ बात जान लिहल जाव-

Oppo F21s Pro 5G के रउआ Amazon से किन सकत बानी। एह फोन के MRP 31,999 रुपिया बा आ रउआ एकरा के 19% डिस्काउंट के बाद 25,999 रुपिया में ऑर्डर कs सकत बानी। एह पs रउआ कइयन बैंकन ऑफर्स मिल रहल बा। HDFC Bank Card से पेमेंट कइला पs 2500 रुपिया के डिस्काउंट मिल सकत बा। ICICI Bank Card से पेमेंट कइला पs 2500 रूपिया के Instant Discount मिल सकत बा।

HSBC Credit Card से पेमेंट कइला पs ई डिस्काउंट मिल रहल बा। एकरा अलावे रउआ Exchange Offer के तहत डिस्काउंट मिल सकत बा। पुरान स्मार्टफोन Amazon के वापस कइला पs 22 हजार रुपिया के छूट मिल सकत बा। बाकिर एतना डिस्काउंट हासिल करे खातिर राउर पुरान स्मार्टफोन के कंडीशन ठीक होखे के चाहीं आ ई पुरान फोन के मॉडल पs डिपेंड करेला।

स्पेसिफिकेशनो के लेके रउआ कवनो शिकायत नइखे होखे वाला। एह फोन में 6.43 Inch FHD+ AMOLED Punch Hole Display दिहल जात बा। एमे Ultra-slim Retro Design मिलत बा। संगही फोन में ट्रिपल रियर कैमरा दिहल गइल बा, प्राइमरी कैमरा 64MP Camera दिहल जात बा। एमे 16MP Front Camera मिलत बा। Oppo के एह फोन में 4500 mAh बैटरी मलेला, जवना के संगे 33W Supervooc Charger दिहल जात बा।

515870cookie-check4 हजार में मिल रहल 32 हजार वाला Oppo F21s Pro 5G, अइसे कs सकत बानी ऑर्डर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.