Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

NHAI Recruitment 2024: एनएचएआई में अलग – अलग पदन पऽ सरकारी नौकरी पावे के मौका, 18 जुलाई तक कर सकऽ तानी आवेदन

255

NHAI Recruitment 2024: भारतीय राष्ट्रीय राजमार्ग प्राधिकरण (NHAI) के ओर से अलग – अलग पदन खातिर भर्ती के ऑनलाइन आवेदन प्रक्रिया शुरू कऽ दिहल गइल बा। कवनो अभ्यर्थी सरकारी नौकरी के खोज कर रहल बाड़े आ एकरा खातिर योगता राखऽ ताड़न तऽ उऽ निर्धारित अंतिम तिथि 18 जुलाई 2024 तक एमें शामिल होखे खातिर आवेदन प्रक्रिया पूर्ण कऽ सकऽ ताड़े। एह भर्ती के माध्यम से कुल 38 रिक्त पदन पs नियुक्ति कइल जाई।

योग आ इच्छुक अभ्यर्थी एह भर्ती में शामिल होखे खातिर ऑनलाइन माध्यम से एप्लीकेशन फॉर्म भर सकऽ ताड़न। आवेदन पत्र ऑफिशियल वेबसाइट nhai.gov.in पs उपलब्ध करावल गइल बा जवना के खाली ऑनलाइन भरल जा सकऽता। फॉर्म भरे से पहिले अभ्यर्थी एक बार योग्यता आ मापदंड के जानकारी जरूर चेक कर लेस।

योग्यता आ मापदंड

एह भर्ती में आवेदन खातिर अभ्यर्थी कवनो मान्यता प्राप्त विश्वविद्यालय/ संस्थान से पदानुसार संबंधित क्षेत्र में सिविल इंजीनियरिंग/ ग्रेजुएशन आदि कइले होखे। आ साथही उम्मीदवार के निर्धारित वर्ष कार्य करे के अनुभव होखे के चाहीं। अभ्यर्थी के आयु 65 साल से ज्यादा ना होखे के चाहीं। योग्यता के पदानुसार पूरा जानकारी खातिर अभ्यर्थी एक बार ऑफिशियल नोटिफिकेशन के जरूर जाँच – परताल कऽ लेस।

कइसे होई आवेदन

इस भर्ती में भाग लेवे खातिर सर्वप्रथम NHAI के ऑफिशियल वेबसाइट nhai.gov.in जाए के बा आ इहाँ VACANCIES लिंक पs क्लिक करे के बा। एकरा बाद भर्ती से संबंधित Apply Now लिंक पs क्लिक करे के बा आ अगिला पेज पs मांगल गइल कुल्ह जानकारी के सही-सही भर के आवेदन प्रक्रिया पूरा करे के बा। अंत में अभ्यर्थी पूर्ण रूप से भरल फॉर्म के एगो प्रिंटआउट निकाल के सुरक्षित राख लीहीं।

भर्ती विवरण

एह भर्ती के माध्यम से एनएचएआई अलग – अलग पदन के तहत कुल 38 नियुक्ति करी। एमें से वरिष्ठ राजमार्ग विशेषज्ञ खातिर 5 पद, डीपीआर विशेषज्ञ  खातिर 5 पद, सड़क सुरक्षा विशेषज्ञ खातिर 5 पद, यातायात विशेषज्ञ खातिर 5 पद, पर्यावरण/ वन विशेषज्ञ खातिर 5 पद, भूमि अधिग्रहण विशेषज्ञ खातिर 5 पद, भू-तकनीकी विशेषज्ञ खातिर पद 5, ब्रिज विशेषज्ञ खातिर 2 पद आ सुरंग विशेषज्ञ खातिर 1 गो पद आरक्षित बा।

874190cookie-checkNHAI Recruitment 2024: एनएचएआई में अलग – अलग पदन पऽ सरकारी नौकरी पावे के मौका, 18 जुलाई तक कर सकऽ तानी आवेदन

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.