Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

राकांपा नेता आह्वाड रुकववलें फिल्म ‘हर हर महादेव’ के प्रदर्शन, शिवाजी के गलत चित्रण के आरोप

1,998
Google Ads 300*250 for posts
महाराष्ट्र के राकांपा नेता अउर पूर्व मंत्री जितेंद्र आह्वाड अउर उनके समर्थक लोग सोमार के साँझ ठाणे में मराठी फिल्म ‘हर हर महादेव’ के प्रदर्शन रुकवा दिहलें। एह फिल्म में छत्रपति शिवाजी के गलत चित्रण के आरोप बा।
पूर्व मंत्री आह्वाड के कहनाम बा कि फिल्म में ऊ बात दर्शावल गइल बा जौन इतिहास में घटबे नाइ कइल। ऊ सवाल कइलें कि अइसन बात के फिल्म में प्रदर्शन काहें होखे के चाहीं? एही आपत्ति के ले के और उनके समर्थक कल शाम एक मल्टीप्लेक्स में पहुंचलें अउर उहां जबर्दस्ती करत फिल्म के प्रदर्शन रुकवा दिहलें। एह दौरान दर्शक लोग विरोध कइल अउर एक दर्शक उनके रोकलस त ओकरे साथ मारपीट कइल गइल। ओंने एगो मराठा संगठन के सदस्य लोग पुणे के एक थिएटर में एह फिल्म के स्क्रीनिंग के रोक दिहलें। उनकर आरोप बा कि ई फिल्म इतिहास के विकृत ढंग से प्रदर्शित करेले।

शिवाजी के वंशज संभाजी देहलें चेतावनी

एसे पहिले शिवाजी के वंशज अउर पूर्व सांसद संभाजीराजे छत्रपति  एलान कइले रहनें कि मराठा सम्राट के गलत ढंग से फिल्म में वर्णन के बर्दाश्त नाइ कइल जाई। ऊ आगामी मराठी फिल्म “वेदांत मराठे वीर दौदाले सात” के भी विरोध कइले रहे। एहमें अक्षय कुमार छत्रपति शिवाजी के भूमिका निभइहें। फिल्म के निर्देशन महेश मांजरेकर कइले बानें।

जितेंद्र आह्वाड कइसे रुकववलें प्रदर्शन, देखीं वीडियो

373530cookie-checkराकांपा नेता आह्वाड रुकववलें फिल्म ‘हर हर महादेव’ के प्रदर्शन, शिवाजी के गलत चित्रण के आरोप

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.