Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

यूपी के अस्पताल में मॉक ड्रिल: खुद जायजा लेवे पहुंचनें डिप्टी सीएम, अस्पताल में युवक के आपन सदरी उतार के दिहलें

196

यूपी के अस्पताल में कोरोना संक्रमण से बचाव के तैयारी के परखले खातिर मंगर सुबह 10 बजे मॉक ड्रिल शुरू के गइल। एकरे तहत कोविड से निपटे खातिर तैयारी परखल जाई। प्रदेश के उपमुख्यमंत्री ब्रजेश पाठक अपनिये तैयारियन के जायजा लेवे खातिर लखनऊ के बलरामपुर अस्पताल में पहुंच गइलें अउर अफसर अउर चिकित्सकन से जानकारी लिहलें। मॉक ड्रिल प्रदेश के सब चिकित्सा संस्थान, मेडिकल कॉलेज अउर जिला अस्पताल में कइल जा रहल बा।

एह दौरान अस्पताल में मौजूद एगो युवक के ऊ आपन सदरी उतार के दे दिहलें। युवक ठंड में खाली टीशर्ट पहिनले रहे। उप मुख्यमंत्री आपन सदरी उतार के खुद उनके पहना दिहलें। युवक के नाम बनवारी ह अउर ऊ खुदरी बाजार लखनऊ के रहे वाला हवें।

मॉक ड्रिल में मिलल खामियन के हप्ता भर में दूर कs दिहल जाई। जेकरे आधार पर दूसरे अस्पतालन में भी व्यवस्थाएं दुरुस्त करावल जाई। जौने अस्पताल में कमियां मिली, उहां सप्ताह भर बाद दुबारा मॉक ड्रिल होई। जदि दूसर बेर भी कमी रह जाला। त ओकरे कारण के पड़ताल कइल जाई। ओकरे जिम्मेदारन के खिलाफ कार्रवाइयो होई, जेकरे वजह से बेर-बेर खामी छूटल रहल बा।

421560cookie-checkयूपी के अस्पताल में मॉक ड्रिल: खुद जायजा लेवे पहुंचनें डिप्टी सीएम, अस्पताल में युवक के आपन सदरी उतार के दिहलें

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.