[the_ad_group id="30365"]

Smart Meter: स्मार्ट मीटर उपभोक्ता ध्यान देस, तीन दिन ले काउंटर पऽ ना होई ई काम; बिजली विभाग भेजलस मैसेज

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

स्मार्ट मीटर उपभोक्ता खातिर जरूरी खबर बा। आज से तीन दिन बिजली विभाग के काउंटर पs एगो काम ना हो पाई हो । बिजली विभाग एकरा के लेके सब ग्राहकन के मैसेजो भेज देले बा। मैसेज मिलला के बाद सैकड़न लोग सोमार के कार्यालय पहुंच गइलें। इहाँ ध्यान देवे वाला बात ई बा कि तीन दिन स्मार्ट मीटर में पर्याप्त बैलेंस राखल जरूरी बा।

मुजफ्फरपुर: नॉर्थ बिहार पावर डिस्ट्रीब्यूशन के सर्वर के मेंटेनेंस होई। एकरा के लेके मंगर से बियफे तक बिजली कार्यालय के सर्वर ठप रही। एह अवधि में यानी मंगर से बियफे तक कवनो बिजली काउंटर से स्मार्ट मीटर रिचार्ज ना होई।

सुगम एप से स्मार्ट मीटर रिचार्ज होई। विद्युत अधीक्षण अभियंता पंकज राजेश बतवले कि सर्वर मेंटेनेंस के लेके एनबीपीडीसीएल के साइट से आ काउंटर से रिचार्ज ना होई। सुगम एप से उपभोक्ता रिचार्ज कर सकऽ ताड़े। उऽ कहलें कि पिछला पांच दिनन से एह बात के जानकारी उपभोक्ता के दीहल जाता।

कहीं से एमें कवनो परेशानी के बात नइखे। बिजली विभाग के ओर से उपभोक्ता के जारी मैसेज में एही तरे के जानकारी दिहल गइल बा। मैसेज के अनुसार निर्बाध विद्युत आपूर्ति खातिर उपभोक्ता अपना स्मार्ट मीटर में पर्याप्त बैलेंस राख लेस।

कुछ लोग अइसे करवलस रिचार्ज

विभाग के ओर से ए तरे के का मैसेज मिलला के बाद पिछला दु दिन से सैकड़न उपभोक्ता रिचार्ज करावल शुरू कर देले। सुगम एप से भा उनका गेस्ट रिचार्ज से जवना लोगन के रिचार्ज नइखे भइल। उऽ लोगन के सोमार के भोरही माड़ीपुर, तिलक मैदान, रामदयालु इस्थित बिजली कार्यालय पहुंच के काउंटर से रिचार्ज करवलस।

हालांकि, एह तीन दिन के अवधि में बिजली ना कटी, बाकिर बिजली विभाग के ओर से अइसन कवनो बात नइखे कहल गइल। उहे डिफरमेंट चार्ज कटला से पूरा दिन सैकड़न उपभोक्ता बिजली कार्यालय के चक्कर काटत रहल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]