[the_ad_group id="30365"]

Weather Update: दिल्ली में बारिश के येलो अलर्ट, जानीं यूपी आ अउर राज्यन के हाल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

 

भारत के अधिकांश राज्य में मानसून के बरखा से लोग के भींज रहल बा। मौसम विभाग के मुताबिक, मानसून अपना सामान्य तारीख 8 जुलाई से पहिले भी पूरा देश में पहुंच गईल बा। देश के राजधानी दिल्ली, यूपी, बिहार समेत अलग-अलग राज्य में लगातार बरखा देखाई देता। मौसम विभाग एक बेर फेरु से बहुते राज्यन खातिर बरखा के अलर्ट जारी कइले बा. जानीं बुध के देश के अलग-अलग राज्य में मौसम कईसन होई।

दिल्ली में येलो अलर्ट

मंगल का दिने दिल्ली के कुछ हिस्सा में हल्का बरखा भइल. मौसम विभाग आजु दिल्ली खातिर बरखा के येलो अलर्ट जारी कइले बा. काल राजधानी के आसमान आम तौर पs बादल छाइल रही अवुरी गरज अवुरी बिजली के संगे मध्यम बरखा के संभावना बा। राजधानी के अधिकतम तापमान दिन भर बादल छाए वाला रहे के अनुमान बा अवुरी अधिकांश समय तापमान 35 डिग्री सेल्सियस के आसपास रही।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]