Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

अजित पवार पांचवां बेर महाराष्ट्र के डिप्टी CM बनलें: 31 महीना में तीसरका बेर शपथ लेलें; संगही NCP के 8 विधायक मंत्री बनल लो

1,290
Google Ads 300*250 for posts

महाराष्ट्र में अतवार के बड़ पॉलिटिकल डेवलपमेंट भइल। NCP के अजित पवार दुपहरिया ढाई बजे शिवसेना के एकनाथ शिंदे के सरकार में डिप्टी CM पद के शपथ लेलें। शपथ के तुरंत बाद ट्विटर प्रोफाइल बदललें आ लिखलें- डिप्टी सीएम ऑफ महाराष्ट्र।

अजित पवार 8 विधायकन छगन भुजबल, धनंजय मुंडे, अनिल पाटिल, दिलीप वलसे पाटिल, धर्मराव अत्राम, सुनील वलसाड, अदिति तटकरे आ हसन मुश्रीफ के संगे दुपहरिया के करीब 2 बजे राजभवन पहुंचल रहस। 3 बजते-बजते CM शिंदे आ डिप्टी CM देवेंद्र फडवणीस के मवजूदगी में सभे के मंत्री पद के शपथ दिलावल गइल।

शपथ ग्रहण में अजित पवार के इंतजार करत एकनाथ शिंदे (बायां) आ देवेंद्र फडणवीस।

अजित पवार पांचवां बेर महाराष्ट्र के उप मुख्यमंत्री के शपथ लेलें। 1999-2014 के दौरान महाराष्ट्र में कांग्रेस-NCP गठबंधन के सरकार में ऊ दु बेर उप मुख्यमंत्री रहलें। नवंबर 2019 में अजित पवार बगावत कs के देवेंद्र फडणवीस के संगे सरकार बनवलें आ उप मुख्यमंत्री बनलें।

दु दिन बाद सरकार गिर गइल। एकरा 2 दिन बाद उद्धव ठाकरे के सरकार बनल जवना में उनका के डिप्टी CM बनावल गइल। अब पांचवां बेर ऊ शिंदे के सरकार में डिप्टी CM बनल बाड़ें।

शरद पवार के राहुल के समर्थन देहल नाराजगी के कारण

न्यूज एजेंसी ANI के मोताबिक, अजित समेत बाकी विधायक शरद पवार के पटना में विपक्षी एकता बैठक में मंच साझा करे आ राहुल गांधी के संगे सहजोग करे के एकतरफा फैसला से नाराज रहे लो।

महाराष्ट्र में अगिला साल अक्टूबर में विधानसभा चुनाव होखे वाला बा। एकरा छव महीना पहिले आम चुनाव होई। अजित के सामिल होखला के बाद एकनाथ शिंदे कहलें कि हमनी के विधानसभा आ लोकसभा में पहिले से जादे सीट जीतेम सs। महाराष्ट्र भाजपा अध्यक्ष चंद्रशेखर बावनकुले कहलें कि हमनी  के सरकार के 40 NCP विधायकन के समर्थन बा।

शपथग्रहण के बाद एकनाथ शिंदे (बायां से), राज्यपाल रमेश बैस, देवेंद्र फडणवीस आ अजित पवार।

अइसन में अब महाराष्ट्र में नेता विपक्ष के पद कांग्रेस के मिल सकत बा। विपक्ष में सबसे जादे 44 सीट कांग्रेस के लगे बा।

साभार: दैनिक भास्कर

584540cookie-checkअजित पवार पांचवां बेर महाराष्ट्र के डिप्टी CM बनलें: 31 महीना में तीसरका बेर शपथ लेलें; संगही NCP के 8 विधायक मंत्री बनल लो

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.