Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

International Yoga Day 2023: 21 जून के काहे मनावल जाला योग दिवस? जानीं इतिहास आ एह साल के थीम

प्रधानमंत्री मोदी के प्रस्ताव के संयुक्त राष्ट्र महासभा स्वीकार करत मात्र तीन महीना भीतर अंतर्राष्ट्रीय योग दिवस के आयोजन के ऐलान कs देलस। जवना के बाद अगिला साल 2015 में पहिला बेर विश्व योग दिवस मनावल गइल।

457

International Yoga Day 2023: भारत के योग गुरु कहल जाला। शारीरिक आ मानसिक स्वास्थ खातिर योग लाभकारी हs। योग के अभ्यास देह के रोगमुक्त रखेला आ मन के शांति देला। भारत में ऋषि मुनियन के दौर से योगाभ्यास होता आ रहल बा।

योग भारतीय संस्कृति से जुड़ल बा, जवना के प्रसार अब बिदेसन तक हो रहल बा। बिदेसन तक योग के प्रसार के श्रेय योग गुरुअन के जाला। भारतीय योग गुरु बिदेसी जमीन पs योग के उपयोगिता आ महत्व के बारे में जागरूक कइल लो। आज दुनियाभर में योग के लोग अपना जिनगी में सामिल कर रहल बा आ योगासनन के अभ्यास से स्वस्थ मन आ तन के प्राप्ति के प्रयास कर रहल बा। योग के एही उपयोगिता से सभे के जागरूक करे खातिर हर साल अंतर्राष्ट्रीय स्तर पs योग दिवस मनावल जाला। हालांकि योग दिवस मनावे के सुरुआत के, कब आ कहां कइल, इहो जानल रोचक बा। आईं जानल जाव योग दिवस के इतिहास, महत्व आ एह साल के थीम।

कब मनावल गइल पहिला योग दिवस?

कोरोना काल के बाद योग के महत्व जादे बढ़ गइल। संक्रमण से लड़े खातिर रोग प्रतिरोधक क्षमता बढ़ावे के उद्देश्य से लोग योग अभ्यास करे लागल। बाकिर एह दिन के अंतर्राष्ट्रीय स्तर पs मनावे के सुरुआत साल 2015 से हो गइल रहे। एही साल पहिला बेर समूचा विश्व में योग दिवस मनावल गइल रहे।

योग दिवस के इतिहास

27 सितंबर 2014 के भारत के प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी संयुक्त महासभा में दुनिया के तमाम देसन से योग दिवस के मनावे के आह्वान कइलें। प्रधानमंत्री मोदी के प्रस्ताव के संयुक्त राष्ट्र महासभा स्वीकार करत मात्र तीन महीना के भीतर अंतर्राष्ट्रीय योग दिवस के आयोजन के ऐलान कs देलस। जवना के बाद अगिला साल 2015 में पहिला बेर विश्व योग दिवस मनावल गइल।

21 जून के काहे मनावल जाला योग दिवस?

योग दिवस के मनाने खातिर एगो दिन सुनिश्चित कइल गइल, जवन 21 जून हs। 21 जून के योग दिवस के तौर पs मनावे के वजहो बा। एह तारीख के उत्तरी गोलार्द्ध के सबसे लमहर दिन होला। जवना के ग्रीष्म संक्रांति कहल जाला।

भारतीय परंपरा के अनुसार, ग्रीष्म संक्रांति के बाद सूर्य दक्षिणायन होला। सूर्य दक्षिणायन के समय आध्यात्मिक सिद्धियन के प्राप्त करे खातिर असरदार हs। एह कारण हर  साल 21 जून के अंतर्राष्ट्रीय योग दिवस मनावल जाला।

अंतर्राष्ट्रीय योग दिवस 2023 के थीम

योग दिवस 2023 के थीम ‘वसुधैव कुटुंबकम खातिर योग’ (Yoga for Vasudhaiva Kutumbakam) बा।वसुधैव कुटुंबकम के अर्थ हs- धरती एगो परिवार हs। एह थीम से तात्पर्य धरती पs सब लोगन के स्वास्थ खातिर योग के उपयोगिता से बा।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.