Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

IND vs PAK Asia Cup 2022: भारत पाकिस्तान के रउदके T20 वर्ल्ड कप के हिसाब कइलस चुकता, हार्दिक-भुवनेश्वर के बाद जडेजो चमकले

भारत एशिया कप टी20 क्रिकेट टूर्नामेंट 2022 के अपना पहिला मुकाबले में पाकिस्तान के 5 विकेट से रउद देलस। एकरा संगही भारत पिछला टी20 वर्ल्ड कप में पाकिस्तान से मिलल हार के बदलो चुकता कs लेलस। 

679
Google Ads 300*250 for posts

डिफेंडिंग चैंपियन भारत एशिया कप टी20 क्रिकेट टूर्नामेंट 2022 के अपना पहिला मुकाबला में पाकिस्तान के 5 विकेट से रउद के एह प्रतियोगिता में आपन खिताब बचाओ अभियान के विजयी सुरुआत कइले बा। दुबई इंटरनेशनल स्टेडियम में अतवार के खेलल गइल मैच में सात बेर के विजेता भारत टॉस जीतकर पहिले गेंदबाजी करत पाकिस्तान के 19.5 ओवर में 147 रन पs समेट देलस आ फेर 19.4 ओवर में 5 विकेट खाेके लक्ष्य हासिल कs लेलस। एह जीत के संगही भारत पिछला साल टी20 वर्ल्ड कप में पाकिस्तान से 10 विकेटन से मिलल करारा हार के बदलो चुकता कs लेलस।

पाकिस्तान से मिलल 148 रनन के लक्ष्य के पीछा करे उतरल भारत के सुरुआत खराब रहल आ ऊ 1 रन के स्कोर पs ओपनर केएल राहुल (0) ले विकेट गंवा देलस हालांकि एकरा बाद कप्तान रोहित शर्मा (12) आ आपन 100 T20I मैच खेले उतरल विराट कोहली (35) दूसरा विकेट खातिर 46 गेंदन पs 49 रन के साझेदारी कइलस लो। बाकिर दुनो बल्लेबाजन के अर्धशतकीय साझेदारी पूरा ना हो सकल काहेकि मोहम्मद नवाज पहिले कप्तान रोहित के आ फेर विराट के पवेलियन भेजके पाकिस्तान के जल्दी-जल्दी दु विकेट निकाल के दे देले। विराट जीरो पs मिलल जीवनदान के फायदा उठावत 34 गेंदन पs तीन चउका आ एक छक्का के मदद से 35 रन बनवले।

10वां ओवर में 53 रन तक तीन विकेट गंववला के बाद सूर्यकुमार यादव (18) आ बल्लेबाजी में उपरी क्रम में भेजल गइल रवींद्र जडेजा (35) चउथा विकेट खातिर 36 रन के साझेदारी कइलस लो। लमहर हो रहल साझेदारी के एक बेर फेर नसीम तुड़ले आ ऊ सूर्यकुमार के बोल्ड कs देलें। भारत के अब मैच जीते खातिर अंतिम 5 ओवरन में 51 रन के दरकार रहे आ जडेजा के संगे हार्दिक पांड्या क्रीज पs मौजूद रहस। इहां से जडेजा आ पांड्या पांचवां विकेट खातिर 52 रन के साझेदारी कs के भारत के जीत के तरफ पहुंचा दिहल लो। अंतिम ओवर में भारत के 7 रन के दरकार रहे आ गेंद मोहम्मद नवाज के हाथन में रहे। बाकिर हार्दिक छक्का मारके जीत दिला देलें। जडेजा 29 गेंदन पs दुगो चउका आ दुगो छक्का लगवले। हार्दिक 17 गेंदन पs चार गो चउका आ एगो छक्का के मदद से नाबाद 33 रन के मैच जिताऊ पारी खेलले।

315070cookie-checkIND vs PAK Asia Cup 2022: भारत पाकिस्तान के रउदके T20 वर्ल्ड कप के हिसाब कइलस चुकता, हार्दिक-भुवनेश्वर के बाद जडेजो चमकले

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.