Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

गोलियन के गूंज से थर्राइल अर‍रिया: 50 से जादे लोग  बरसवलस दर्जनन राउंड गोली, लईकन समेत 5 घायल

Firing In Araria In Land Dispute: नरपतगंज थाना क्षेत्र के मिरदौल पंचायत सिमराही टोला वार्ड 13 में सोमार के देर सांझ भूमि विवाद में काठ के मकान के निर्माण के दौरान दु पक्षन के लड़ाई में अंधाधुंध लगभग 50 राउंड फायरिंग कइल गइल।

645

नरपतगंज थाना क्षेत्र के मिरदौल पंचायत सिमराही टोला वार्ड 13 में सोमार के देर सांझ भूमि विवाद में काठ के मकान के निर्माण के दौरान दु पक्षन के लड़ाई में अंधाधुंध लगभग 50 राउंड फायरिंग कइल गइल, जेमे घर के मुखिया समेत मकान के निर्माण करे पहुंचल मिस्त्री, मजदूर आ एगो लईका के गोली लागल बा।

घायलन के संख्या आधा दर्जन से बेसी बतावल जा रहल बा, जेमे गंभीर रूप से घायल एगो लईका समेत पांच लोगन के इलाज खातिर आनन-फानन में अनुमंडल अस्पताल फारबिसगंज ले आवल गइल, जहां चिकित्सक बेहतर इलाज खातिर सभे के रेफर कs दिहल लो।

अस्पताल में इलाजरत घायलन में घर के मुखिया ब्रह्मदेव यादव उमिर 65 बरिस पिता स्व. शिवनंदन यादव, अमित यादव उमिर 18 बरिस पिता जय कुमार यादव आ पांच बरिस के लईका बालक सत्यम कुमार पिता श्रवण शर्मा तीनो मिरदौल सिमराही टोला वार्ड 13 के निवासी सहित आउर घायलन में बढ़ई मिस्त्री जय प्रकाश शर्मा अमिर 55 बरिस पिता कारी शर्मा निवासी परवाहा वार्ड 11 आ समुद्र शर्मा उमिर 50 बरिस पिता स्व. डोमन शर्मा निवासी गरगमा वार्ड संख्या एक थाना नरपतगंज सामिल बा लो।

घटना के संदर्भ में घायल बढ़ई मिस्त्री बतवले कि ऊ लोग काठ के मकान बनावे के काम करत रहे लो। एही बीच विवाद के लेके लड़ाई झगड़ा भइल।

ऊ लोग कुछ समझ पाइत एही बीच अचानक से अंधाधुंध गोली चले लागल आ ओहू लोगन के गोली लाग गइल, जवना से ऊ लोग गंभीर रुप से घायल हो गइल। ऊ बतवलें कि 50 से 55 राउंड फायरिंग कइल गइल बा।

एने, अस्पताल में इलाजरत मकान के मुखिया 65 वर्षीय ब्रह्मदेव यादव के पोता मनीष यादव पिता पिंटू यादव बतवलें कि मिरदौल पंचायत सिमराही टोला इस्थित जमीन पs ओकर दादा ब्रह्मदेव यादव बढ़ई मिस्त्री से काम करवावत रहस।

एही बीच गोर्राहा बिशनपुर के मुखिया अमरेंद्र यादव, दुर्गानंद यादव, सिकंदर यादव समेत अज्ञात 50 से 55 लोग अचानक पहुंचल आ ओकरा दादा संगे गाली-गलौज करे लागल।

एही बीच आरोपित हवाई फायरिंग कइल सुरू कs देले सs, जवना के बाद ओकर दादा आ आउर लोग डेराके जाये लागल तs अंधाधुंध फायरिंग कइल जाये लागल, जेमे ओकर दादा के गोली लागल आ आउर मिस्त्री, मजदूर के गोली लाग गइल।

एने घटना के जानकारी मिलतही घटनास्थल पs एसडीपीओ खुशरु सिराज, नरपतगंज के थानाध्यक्ष शैलेस कुमार पांडेय दल बल के संगे पहुंचल लो आ घायलन के इलाज खातिर अनुमंडल अस्पताल भेजवावल लो।

ओहिजा, अनुमंडल अस्पताल में पंचायत के लोगन के हुजूम उमड़ पड़ल। मौका पs फारबिसगंज थानाध्यक्ष आफताब अहमद आ पुलिस बल घायलन से घटना के जानकारी लेवे में लागल रहल लो।

एसडीपीओ बतवलें कि सब घायलन के इलाज खातिर अनुमंडलीय अस्पताल ले आवल गइल। ममिला के जांच कइल जा रहल बा।

घर के मुखिया आ दु गो बढ़ई मिस्त्री के शरीर में गोली फंसल रहला के कारण हालत गंभीर

फारबिसगंज अनुमंडल अस्पताल में गोली से घायल लोगन के इलाज कर रहल अस्पताल उपाधीक्षक डॉक्‍टर रेशमा राजा, डॉक्‍टर शीला कुंवर, डॉक्‍टर रंजीत कुमार आ डॉक्‍टर अली अकबर अंसारी बतवलें कि सभे पांच घायल, जेमे एगो बालक सामिल बा के बेहतर इलाज खातिर बाहर रेफर कs दिहल गइल बा।

बतवलें कि ब्रह्मदेव यादव के दहिना जांघ के लगे, जयप्रकाश शर्मा के गोड़ में आ समुंदर शर्मा के गोड़ के निचला हिस्सा में अभी ले गोली फंसल बा, जवना कारण ओह लोगन के हालत गंभीर बनल बा।

528130cookie-checkगोलियन के गूंज से थर्राइल अर‍रिया: 50 से जादे लोग  बरसवलस दर्जनन राउंड गोली, लईकन समेत 5 घायल

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.