Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Fire In Car: मेरठ में चलत सैंट्रो कार में लागल आग, महिला समेत चार लोग जिंदा जरले, हादसा के दृश्य देख रुह कांप जाई

295

Meerut Car Fire सिसौला खुर्द कांवड़ पटरी मार्ग पs भइल हादसा के मंजर बेहद खौफनाक रहे। हादसा के दौरान के दृश्य देख के हर कोई कांप उठल। फोरेंसिंक टीम के देखला से सामने आइल कि कार के आगे के सीट पs बइठल व्यक्तियो पिछली सीट पs चल गइल। बुझाता कि उऽ पीछे के खिड़की खोले के प्रयास कइले होइहें।

चौधरी चरण सिंह कांवड़ पटरी मार्ग पs भोला झाल के लगे चलत सैंट्रो कार में आग लाग गइल। कार में सवार चार लोग जिंदा जर गइले। सब कोई के कंकाल सीट से चिपकल मिलल। फोरेंसिंक जांच में एगो शव महिला के बतावल जा रहल बा। कार दिल्ली नंबर के बिया, जवना आधार पs मृतकन के पहचान करे के प्रयास कइल जा रहल बा। हादसा के बाद करीब तीन घंटा कांवड़ मार्ग बंद कऽ दिहल गइल रहे। देर रात यातायात सुचारु कइल गइल।

जानी थाना क्षेत्र में कांवड़ पटरी मार्ग पs ऐतवार रात करीब साढ़े आठ बजे सैंट्रो कार में आग लाग गइल। उहाँ बइठल लोग बतवलस कि आग के गोला बनल कार के चालक विपरीत दिशा में रोक देलस, बाकिर कार में सवार लोग बाहर ना निकल पाइल आ सब कोई के जर के मौत हो गइल।

मृतकन के पहचान में जुटले अधिकारी

कार के नंबर डीएल4 सीएपी 4792 बा, जवन दिल्ली के प्रह्लादपुर निवासी सोहनलाल के नाम पs रजिस्टर्ड बा। अधिकारी दिल्ली पुलिस के अफसरन से संपर्क कऽ के मृतकन के पहचान करे में जुटल बाड़े। सीएफओ संतोष राय बतवले कि प्रथम दृष्टया सामने आइल बा कि कार के वायरिंग शार्ट होखे से आग लागल बा।

खिड़की ना खुल सकल

खिड़की ना खुलला पs उऽ पीछे के सीट पs दम तुड़ देले। सीएफओ के कहनाम बा कि मौका पs देख के लाग रहल बा कि कार के अंदर धुंआ से सभकर दम घुट गइल। ओकरा बाद कार में बइठल लोग निकले के हिम्मत ना जुटा पावल।

853020cookie-checkFire In Car: मेरठ में चलत सैंट्रो कार में लागल आग, महिला समेत चार लोग जिंदा जरले, हादसा के दृश्य देख रुह कांप जाई

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.