Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

यूपी के बहराइच में आदमखोर भेड़ियन के पकड़े खातीर तलाशी अभियान जारी

142
Google Ads 300*250 for posts

 

उत्तर प्रदेश के बहराइच जिला के महसी इलाका से बियफ़ें के एगो अवुरी नरभक्षी भेड़िया पकड़ल गईल। पिछला कई दिन से गाँव के लोग नरभक्षी भेड़िया के हमला से परेशान बाड़े, आ डर से जियत बाड़े। वन विभाग के टीम बियफ़ें के एगो अवुरी नरभक्षी भेड़िया के पिंजरा में पकड़ लेलस। भेड़िया के मेडिकल जांच के बाद गोरखपुर चिड़ियाघर में भेजे के तइयारी हो रहल बा। अबे ले कुल चार भेड़िया पकड़ल गईल बा। वन संरक्षक रेणु सिंह बतवली कि आजु एगो अउरी आदमी खाए वाला भेड़िया पकड़ल गइल बा. पिंजरा में बा, स्वस्थ बा। पहिले कैद भईल तीनों भेड़िया के चिड़ियाघर भेज दिहल गईल बा। अब एह भेड़िया के भी जल्दिए गोरखपुर चिड़ियाघर में शिफ्ट कs दिहल जाई।

उs कहली कि इs एगो बड़ समस्या बा कि गांव के लोग पs नरभक्षी भेड़िया के हमला होखता। एह दुर्घटना में लोग के मउत भी हो चुकल बा। नरभक्षी भेड़िया के पकड़े खातीर वन विभाग के विशेष टीम के तैनाती कईल गईल बा। अबे ले कुल 4 नरभक्षी भेड़िया पकड़ल गईल बा अवुरी बाकी 2 नरभक्षी भेड़िया के पकड़े खातीर कार्रवाई कईल जाता। बता दीं कि महसी इलाका के करीब 50 गाँव के लोग नरभक्षी भेड़िया के डर से जियत बा. अपना परिवार के रक्षा खातिर दिन-रात समूह में लाठी लेके चले के मजबूर बाड़े।

 

 

 

944780cookie-checkयूपी के बहराइच में आदमखोर भेड़ियन के पकड़े खातीर तलाशी अभियान जारी

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.