साँझ के 10 गो बड़ खबर

Anurag Ranjan
  1. बिहार: मीसा भारती आ फैयाज अहमद के मिलल राजद से राज्यसभा के टिकट।
  2. बिहार: सीवान में शराब तस्कर वाहन चेकिंग कs रहल ASI के कार से कुचलले सs , मवके पs भइल मौत।
  3. उत्तर प्रदेश: 2 गो मुफ्त सिलेंडर, गोरखपुर-वाराणसी में मेट्रो, बुंदेलखंड मेज ग्रीन एनर्जी कॉरिडोर। योगी 2.0 के बजट भइल पेश।
  4. उत्तर प्रदेश: श्रृंगार गौरी ज्ञानवापी मुकदमा सुने जोग बा कि ना, जिला जज के कोर्ट में होई अब 30 के सुनवाई।
  5. झारखंड: पंचायत चुनाव, अंतिम चरण के तइयारी पूरा, पोलिंग पार्टी रवाना।
  6. पश्चिम बंगाल में ममता सबसे बड़: राज्य सरकार के फसीला- अब सब स्टेट यूनिवर्सिटी में राज्यपाल के जगे CM चांसलर।
  7. 21 जून से रामायण सर्किट यात्रा: 18 दिन में अयोध्या से रामेश्वरम तक कs सकेम दर्शन, टूर ला खरच करे के पड़ी 62 हजार ।
  8. सुप्रीम कोर्ट कहलस- वैश्यावृत्ति एगो पेशा हs; अदालत के आदेश, पुलिस बिना मतलब सेक्स वर्कर्स के परेशान ना करे।
  9. तेलंगाना दौरा पs पीएम मोदी: दूसरा बेर रिसीव करे ना पहुंचले CM चंद्रशेखर राव, फरवरियो में प्रधानमंत्री के कार्यक्रम से रहले दूर।
  10. आईपीएल: केएल राहुल गेल-वार्नर के रिकॉर्ड तुरले, आईपीएल में 4 बेर 600 से जादे रन बनावे आला पहिला खेलाड़ी, बाकिर स्ट्राइक रेट कम रहल।
Share This Article
Content Creator
Follow:
सिविल इंजीनियर, भोजपुरिया, लेखक, ब्लॉगर आ कमेंटेटर। खेल के दुनिया से खास लगाव। परिचे- एगो निठाह समर्पित भोजपुरिया, जवन भोजपुरी के विकास ला लगातार प्रयासरत बा। खबर भोजपुरी के एह पोर्टल पs हमार कुछ खास लेख आ रचना रउआ सभे के पढ़े के मिली। रउआ सभे हमरा के आपन सुझाव anuragranjan1998@gmail.com पs मेल करीं।