- बिहार: पटना में गंगा स्नान के बेरा बड़ हादसा, चार गो जुवक नदी में डुबल लो, दु के शव बरामद, मचल कोहराम।
- बिहार: पटना के सड़कन पs साइकिल से निकलले मुख्यमंत्री के अपर सचिव, जनले शहर में हाल।
- उत्तर प्रदेश: अटकलन पs आजम खान लगवले विराम, बोलले- विधानसभा हमरा ला कवनो नाया जगे ना, जरूर जाएम।
- उत्तर प्रदेश: मायावती पेट्रोल-डीजल उत्पाद पs शुल्क घटवला पs केंद्र के तारीफ कइली, बोलली- राज्य सरकारो कम करे टैक्स।
- झारखंड: अवैध खनन के खिलाफ हजारीबाग में बड़ कारवाई… रुद गांव में रात भर छापेमारी… विस्फोटक बरामद।
- बंगाल में भाजपा के झटका; नाराज चल रहल सांसद अर्जुन सिंह तृणमूल में लवटले, 11 महीना में 5 बड़ नेता बीजेपी छोड़ल लो।
- असम में आगजनी पs पुलिस के जबाब: थाना फूंके आलन के घर गिरावल गइल, क्रिमिनल लो सबूत मेटावे ला लगवलस आग।
- इमरान भारत के सरहले, कहले- रूस से तेल किन के लोगन के राहत देलस, US के सोझा ना झुकल; मरियम बोलली ओहिजा चल जास।
- साउथ अफ्रीका से खेली यंग टीम इंडिया: स्पीडस्टार उमरान मलिक के मवका, हार्दिक आ कार्तिक के वापसी; राहुल कप्तानी करिहे।
- आईपीएल: आज पंजाब आ हैदराबाद के बीचे अंतिम लीग मैच।
साँझ के 10 बड़ खबर

सिविल इंजीनियर, भोजपुरिया, लेखक, ब्लॉगर आ कमेंटेटर। खेल के दुनिया से खास लगाव।
परिचे-
एगो निठाह समर्पित भोजपुरिया, जवन भोजपुरी के विकास ला लगातार प्रयासरत बा। खबर भोजपुरी के एह पोर्टल पs हमार कुछ खास लेख आ रचना रउआ सभे के पढ़े के मिली। रउआ सभे हमरा के आपन सुझाव anuragranjan1998@gmail.com पs मेल करीं।