- बिहार: जिहाद खातिर अलकायदा बना रहल बा लईकियन के फौज; PFI के बाद नया विंग ITC एक्टिव, जिहादी मीडिया के सोसल मीडिया खातिर चाहीं ट्रांसलेटर्स। बिहार के स्पेशल ब्रांच अलर्ट खातिर लेटर जारी कइलस।
- बिहार: मां बोलल- बेटी के 35 टुकड़ा ना कs देव आमिर; बेगूसराय में नाबालिग के भगा ले गइल ट्यूशन टीचर; 5 दिन के बादो सुराग ना। दिल्ली के घटना इयाद कs के रो रहल बाड़ी माई। 4 साल से पढ़े खातिर आमिर किहां जात रहे बेटी।
- उत्तर प्रदेश: सीएम योगी के ऐलान, प्रदेश से बाहर भइले गुंडा – माफिया, चंड-मुंड अगिला चौराहा पs ढ़ेर होई लो। सुहाननगरी में तीन अरब से बेसी के योजनन के लोकार्पण आ शिलान्यास कइलें।
- उत्तर प्रदेश: यूपी में बसपा के साथे गठबंधन के राह तलाश रहल बाड़ें ओवैसी, बोललें- मायावती देस के बहुत बड़ लीडर। जमके कइलें मायावती के तारीफ।
- झारखंड: झारखंड के चतरा में 5 लाख के नक्सली सहदेव यादव के घर पs चलल बुलडोजर, पुलिस कइलस कुर्की जब्ती। लमहर समय से फरार चल रहल बा नक्सली सहदेव यादव।
- समलैंगिक बियाह के मान्यता देवे के मांग: गे कपल SC पहुंचल। कोर्ट केंद्र से 4 हफ्ता में मंगलस जवाब। याचिका में स्पेशल मैरिज एक्ट के सेक्शन 4 के जिकीर।
- भाजपा के आरोप- राहुल के यात्रा में पाकिस्तान जिंदाबाद के नारा: कांग्रेस बोलल- भाजपा के साजिश; CM-कहलें कारवाई होई। MP में भारत जोड़ो यात्रा के तीसरा दिन।
- महाराष्ट्र गवर्नर के मिलल उपमुख्यमंत्री के पत्नी के साथ: अमृता फडणवीस बोलली- राज्यपाल दिल से एगो मराठी मानुष। उद्धव बोलले रहस – राज्यपाल के रूप में भेजल गइल अमेजन पार्सल वापस लेवे केंद्र।
- यूक्रेन में अमेरिकी मिसाइल मिस कइलस टारगेट: रूस के रडार सिस्टम के तबाह करे के बजाय खुद के लोगन के कइलस जख्मी। तय टारगेट से चुकल।
- आखिरी 3 मिनट में जीतल ईरान: 90 मिनट तक स्कोर 0-0 रहे; एकस्ट्रा टाइम में 2 गोल कs के वेल्स के हरवलस। टूर्नामेंट के पहिला रेड कार्ड वेल्स के गोलकीपर वेन हैनसी के।
साँझ के 10 बड़ खबर

सिविल इंजीनियर, भोजपुरिया, लेखक, ब्लॉगर आ कमेंटेटर। खेल के दुनिया से खास लगाव।
परिचे-
एगो निठाह समर्पित भोजपुरिया, जवन भोजपुरी के विकास ला लगातार प्रयासरत बा। खबर भोजपुरी के एह पोर्टल पs हमार कुछ खास लेख आ रचना रउआ सभे के पढ़े के मिली। रउआ सभे हमरा के आपन सुझाव anuragranjan1998@gmail.com पs मेल करीं।