Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Tomato Price Hike: बढ़त भाव के बीच खेतन से चोरी होखे लागल टमाटर, किसान के लागल एतना लाख के चूना

463

टमाटरन के चोरी के ममिला चार जुलाई के रात के बा। हासन जिला के गोनी सोमनहल्ली गांव के महिला किसान धरानी  बतवली कि दु एकड़ जमीन पs टमाटर के फसल उगावल गइल रहे। फसल काटके बेंगलुरु के बाजार में बेचे के योजना बनावल जात रहे।

देस में टमाटर के कीमत रिकॉर्ड तुड़ देले बा। देसभर में टमाटर के दाम 100-150 रुपिया प्रति किलो तक पार हो गइल बा। आलम ई बा कि आम नागिरकन खातिर खाना में टमाटर के इस्तेमाल कइल हकीकत से बहुते दूर बा। टमाटर के बढ़त कीमतन के बीच कर्नाटक के हासन जिला में चोर एगो किसान के खेत से लाखन रुपिया के टमाटरन पs हाथ साफ कs देले बा।

टमाटरन के चोरी के ममिला चार जुलाई के रात के बा। हासन जिला के गोनी सोमनहल्ली गांव के महिला किसान धरानी आरोप लगवली कि उनका खेत से 2.5 लाख रुपिया के टमाटर चोरी हो गइल बा।

ऊ बतवली कि ऊ दु एकड़ जमीन पs टमाटर के फसल उगवले रहली। टमाटर के फसल काटके ओकरा के बेंगलुरु के बाजार में बेचे के योजना बनावल जात रहे, बाकिर तबे चोर टमाटरन पs हाथ साफ कs देले सs। बता दीं, फिलहाल बेंगलुरु में टमाटर के कीमत 120 रुपिया प्रति किलो से ऊपर पहुंच गइल बा।

घाटा के बाद एगो अउर सदमा

धरानी हलेबीडु पुलिस स्टेशन में शिकायत दर्ज करवले बाड़ी। ऊ बतवली कि हमरा सेम के फसल में भारी घाटा भइल बा, एह से करजा लेके टमाटर उगवनी। हमार फसल अच्छा भइल अउर संजोग से अब टमाटर के कीमतो ढेर बा। बाकि, चोर टमाटर के 50-60 बोरी लेवे के अलावे हमार बाकी खड़ा फसल खराब कs देले सs।

चोरी के पहिला ममिला

पुलिस के कहनाम बा कि ई पहिला बेर बा जब ओह लोगन के थाना में टमाटर चोरी जइसन कवनो ममिला आइल बा। जांच कइल जात बा। धरानी के बेटा राज्य सरकार से मुआवजा के गुहार लवलस अउर जांच के मांग कइलस।

588960cookie-checkTomato Price Hike: बढ़त भाव के बीच खेतन से चोरी होखे लागल टमाटर, किसान के लागल एतना लाख के चूना

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.