Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

आजु विधानमंडल के मानसून सत्र के आखिरी दिन, अखिलेश के संगे सपा विधायक लोग कइल वॉक आउट

388
यूपी के विधानमंडल के मानसून सत्र का आजु आखिरी दिन ह। जइसन कि मानल जा रहल बा कि आजुओ विपक्ष के सदस्य लोग सरकार के कानून व्यवस्था, सपा नेता आजम खां पर लागल मुकदमा जइसन कई मुद्दा पर नारेबाजी कइलें।
कुछ देर बाद सपा अध्यक्ष अखिलेश यादव के नेतृत्व में सपा विधायक लोग बहरा निकल गइलें अउर पैदल चलत सपा कार्यालय खातिर रवाना हो गइलें।
सपा विधायक पार्टी अध्यक्ष अखिलेश यादव के नेतृत्व में राजभवन पहुंचलें अउरी राज्यपाल आनंदी बेन पटेल से मुलाकात कइलें। उनके संगे दर्जन भर विधायक भी मौजूद रहनें। राजभवन से निकलने के बाद अखिलेश यादव कहलें कि राज्यपाल के वर्तमान स्थिति के अवगत करावल गइल बा। आजम खान पर लगल लगातार मुकदमा, कानून व्यवस्था, महिला पर हो रहल अत्याचार के मामला के लेके राज्यपाल के अवगत करावल गइल। आज़म खान पर हो रहल अत्याचार के बातचीत राज्यपाल से भइल रहे। अनावश्यक रूप से उनके प्रताड़ित कइल जा रहल बा। फ़र्ज़ी मुक़दमा लगावल जा रहल बा। सरकार बदले के नीयत से कार्रवाई कs रहल बा।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.