तीन दिवसीय स्वास्थ्य योग शिविर के सुभारंभ, योग द्वारा होई रोगन से मुक्ति- योगाचार्य धर्मेन्द्र प्रजापति

Anurag Ranjan

गोरखपुर: गोरखपुर में हर जनमानस के स्वास्थ्य खातिर ओम फिटनेस योग संस्थान द्वारा तीन दिवसीय निशुल्क स्वास्थ्य शिविर के सुरुआत वसुंधरा एनक्लेव तारामंडल में भइल। एहमे पहिलका दिन सब साधकन के योग प्रणाम, भस्त्रिका, कपालभाति, अनुलोम विलोम, ताड़ासन, चक्रासन, कटिचक्रासन आ आउर सहज अभ्यास स्वास्थ जिनगी खातिर करवलें।

युवा योगाचार्य धर्मेन्द्र प्रजापति सब साधकन के जोग कराके बतवलें कि लगातार योग कइला से तन कर स्वस्थ आ मन के एकाग्र कइल जा सकत बा। हमनी के अपना नैतिक दिनचर्या में जइसे भोजन के आवश्यकता होला ओइसही हमनी के योग के अपना जिनगी के जरुर हिस्सा बनावे के चाहीं।

कार्यक्रम के सफल संचालन गोपालपुर पार्षद प्रत्याशी श्वेता सिंह, धर्मेंद्र सिंह जी के नेतृत्व में भइल। श्वेता सिंह योग कs के बतवली कि नारी शक्ति के उत्थान आ ओह लोगन के स्वस्थ जिनगी खातिर बहुते जरुरी बा। हम सब नारी शक्तियन के आह्वान करत बानी कि रउआ सभे एह वसुंधरा इंक्लेव में आके के योग करीं आ निरोग जिनगी जिये के कोसिस करीं।

कार्यक्रम के दौरान अशोक सिंह, शोभा पांडे, नीतू सिंह, रागनी सिंह, रूबी, मीना पाठक, मीरा, अंजनी चौरसिया, व्यास चौरसिया, मुकेश साहनी, विक्रम, सरिता, आशा इत्यादि सभे उपस्थित होके योग संदेश देवे के काम कइल। पार्षद प्रत्याशी धर्मेन्द्र सिंह बतवलें कि ई कार्यक्रम अभी दु दिन तक लगातार सबेरे 5:00 बजे से आ सांझ के 6:00 बजे से चलत रही।

Share This Article
Content Creator
Follow:
सिविल इंजीनियर, भोजपुरिया, लेखक, ब्लॉगर आ कमेंटेटर। खेल के दुनिया से खास लगाव। परिचे- एगो निठाह समर्पित भोजपुरिया, जवन भोजपुरी के विकास ला लगातार प्रयासरत बा। खबर भोजपुरी के एह पोर्टल पs हमार कुछ खास लेख आ रचना रउआ सभे के पढ़े के मिली। रउआ सभे हमरा के आपन सुझाव anuragranjan1998@gmail.com पs मेल करीं।