पुरान ग्राहक दोसरा दोकान से लेलस सामान तऽ खिसिआइल दोकानदार कैंची घोंप देलस, युवक के मौत

Share

दिल्ली में हत्या के एगो सनसनीखेज वारदात भइल बा। किराना के दोकान के मालिक ओकरा दोकान से खरीदारी ना कइला पs एगो शख्स के हत्या कऽ देलस। घटना के लेके पुलिस बतवलस कि उत्तर पश्चिम दिल्ली के शकूरपुर में हत्या के वारदात भइल बा।

न्यूज एजेंसी के मोताबिक पुलिस कहलस, एगो किराना के दोकान के मालिक आ ओकरा बेटा के अपना दोकान से खरीदारी ना करे पs 30 साल के एगो व्यक्ति पs लोहा के रॉड से जानलेवा हमला कइलस आ कैंची से घोंप देलस। पुलिस के मोताबिक घटना 30 जून के हऽ। मृतक के पहचान विक्रम कुमार के रूप में भइल। पुलिस कहलस कि आरोपी लोकेश गुप्ता आ ओकर दुनु बेटन प्रियांश आ हर्ष के गिरफ्तार कऽ लिहल गइल बा आ हत्या के मामला दर्ज कइल गइल बा।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-