Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

कांग्रेस अध्यक्ष पद खातिर थरूर के दावेदारी भइल तय! प्रतिनिधि से मंगववलें नामांकन पत्र

592
कांग्रेस अध्यक्ष पद के चुनाव में उतरले खातिर शशि थरूर तैयारी तेज कs देहले बानें। दरअसल, आजु उ अपने प्रतिनिधि के भेज के केंद्रीय चुनाव प्राधिकरण के अध्यक्ष मधुसूदन मिस्त्री से नामांकन पत्र मंगवा लिहले बानें। एगो अउरी बड़ जानकारी सोझे आइल बा कि थरूर  उम्मीदवारी खातिर भेजल गइल एगो अनुरोध पत्र में नामांकन पत्र के पांच सेट देहले के निहोरा कइले बानें। बता देईं कि राहुल के अध्यक्ष न बनले के फैसला से अब ई साफ हो गइल बा कि देश के सबसे पुरान पार्टी के अध्यक्ष 24 साल बाद गैर गांधी होई।

जयराम रमेश देहलें कांग्रेस अध्यक्ष पद के चुनाव पs टिप्पणी करे से बचले के सलाह 

एसे पहिले, कांग्रेस महासचिव जयराम रमेश पार्टी प्रवक्ता लोग अउर संचार विभाग के पदाधिकारियन के चुनाव लड़े वाला कौनो भी सहयोगी पर टिप्पणी कइले से परहेज करे के कहले रहने। उहवें सिंघवी ट्वीट कइलें कि जयराम रमेश से पूरा तरह से सहमत बानीं जा। साथी नेता लोग के कांग्रेस अध्यक्ष पद खातिर आवेदन करे वाले अपने पार्टी सहयोगियन पर टिप्पणी करे से बचे के चाहीं। उ कहलें कि हमनी के निष्पक्ष विचार वाले लोकतांत्रिक मुक्त भाषण मूल्य के बनवले रहे के चाहीं, जेकर पार्टी हमेशा समर्थन कइलें रहे।

340650cookie-checkकांग्रेस अध्यक्ष पद खातिर थरूर के दावेदारी भइल तय! प्रतिनिधि से मंगववलें नामांकन पत्र

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.