जम्मू कश्मीर में आतंकी हमला, पूर्व सरपंच के गोली मारके हत्या, अनंतनाग में कपल के मरलस गोली

Share

 

जम्मू कश्मीर पुलिस अनंतनाग आ शोपियां में आतंकी हमला करे के जानकारी दिहले बिया. आतंकी पूर्व सरपंच अजाज अहमद शेख पs करीब से गोलीबारी कईले। तुरंत उनुका के पास के अस्पताल में एडवांस इलाज खातीर पहुंचावल गईल, जहां उनुकर मउत हो गईल। दूसरा हमला शोपियां के हीरपोरा में भईल जहां आतंकी ऐजाज अहमद नाम के आदमी पs गोलीबारी कईले। घाही लोग के निकाल दिहल गईल। इलाका के घेराबंदी कs दिहल गइल बा.

अनंतनाग के यन्नार में आतंकी जयपुर निवासी एगो महिला फरहा अवुरी उनुकर पत्नी तबरेज के गोली मार के घाही कs देले। घाही लोग के इलाज खातीर अस्पताल पहुंचावल गईल। इलाका के घेराबंदी कs दिहल गइल बा. आगे के विवरण के इंतजार बा।

 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-