IND vs AUS टी20 सीरीज खातिर टीम इंडिया के ऐलान, एह खिलाड़ी के बनावल गइल नया कप्तान

Share

 

IND vs AUS T20 Series : विश्व कप फाइनल के बाद अब भारत आ आस्ट्रेलिया के टीम के बीच पांच मैच के टी20 सीरीज में मुकाबला होखी। टीम इंडिया के ई सीरीज 23 नवम्बर से अपना घरेलू मैदान पs खेलल जाई। आस्ट्रेलियाई टीम एह सीरीज खातिर आपन टीम के एलान कs चुकल बिया। अब भारत में क्रिकेट नियंत्रण बोर्ड टीम इंडिया के भी घोषणा कईले बा। एह सीरीज में एगो नया कप्तान लउकीहें।

टीम इंडिया टी20 सीरीज खातिर एलान कइलस

23 नवंबर से विशाखापत्तनम में शुरू होखे वाला एह सीरीज खातिर सूर्यकुमार यादव के टीम इंडिया के कप्तान बनावल गइल बा। एकरा साथे विश्व कप 2023 के हिस्सा रहल बहुते खिलाड़ियन के एह सीरीज में आराम दिहल गइल बा जवन 3 दिसंबर के बेंगलुरु में खतम होखे वाला बा। विश्व कप टीम के हिस्सा रहल प्रसिद्ध कृष्णा के भी एह टीम में शामिल कइल गइल बा।

सूर्यकुमार यादव के आँकड़ा

सूर्यकुमार यादव फिलहाल टी-20 में नंबर 1 बल्लेबाज बाड़े। 33 बरीस के सूर्यकुमार यादव भारत खातिर अबले 53 गो टी-20 इंटरनेशनल मैच खेल चुकल बाड़न। एहमें ऊ 46.02 के औसत से 1066 रन आ 172.7 के स्ट्राइक रेट बनवले बाड़न।

टी-20 सीरीज खातिर भारत के टीम 

सूर्यकुमार यादव (कप्तान), ऋतुराज गायकवाड़ (उपकप्तान), ईशान किशन, यशस्वी जयसवाल, तिलक वर्मा, रिंकू सिंह, जितेश शर्मा (विकेटकीपर), वॉशिंगटन सुंदर, अक्षर पटेल, शिवम दुबे, रवि बिश्नोई, अर्शदीप सिंह, प्रसिद्ध कृष्णा, आवेश खान, मुकेश कुमार।

नोट : श्रेयस अय्यर रायपुर आ बेंगलुरु में भइल पिछला दू गो टी-20 मैच खातिर वाइस कप्तान के रूप में टीम में शामिल होखीहें।

टी20 सीरीज के शेड्यूल

•23 नवंबर पहिला टी20 विशाखापत्तनम

•26 नवंबर दूसरा टी-20 तिरुवनंतपुरम

•28 नवंबर तीसरा टी-20 गुवाहाटी

•1 दिसंबर चउथा टी20 रायपुर

•3 दिसंबर 5वां टी-20 बेंगलुरु

 

 

 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-