सेंट्रल डेस्क। बांग्लादेश में आज राजनीतिक इतिहास के एगो नया अध्याय जुड़ गइल। तारिक रहमान आधिकारिक रूप से बांग्लादेश के नया प्रधानमंत्री के रूप में शपथ लेलें। राष्ट्रपति मोहम्मद शहाबुद्दीन संसद के साउथ प्लाजा में आयोजित शपथ ग्रहण समारोह में उनकर पद आ गोपनीयता के शपथ दिलवलें। एह समारोह में करीब 1,200 खास मेहमान मवजूद रहे लोग। भारत के लोकसभा स्पीकर ओम बिरला एह मवका पs मवजूद रहलें।
मीडिया रिपोर्ट के मोताबिक, जमात-ए-इस्लामी के चीफ शफीकुर रहमान के 13वीं बांग्लादेश संसद में विपक्ष के नेता चुनल गइल बा।
प्रधानमंत्री बनला के बाद तारिक रहमान कहलें कि ऊ 17 साल बाद देस लवटल बाड़ें आ 12 फरवरी के आम चुनाव में बांग्लादेश नेशनलिस्ट पार्टी (BNP) के भारी जीत दिलवले बाड़ें। संसद में पार्टी के मजबूत बहुमत के चलते उनकर प्रधानमंत्री बनल तय हो गइल।
नया कैबिनेट के एलान
प्रधानमंत्री तारिक रहमान अपना नया कैबिनेट के नाम घोषित कइले बाड़ें। एह कैबिनेट में कुल 25 मंत्री आ 24 राज्य मंत्री सामिल बाड़ें। मंत्रिमंडल में अनुभवी नेता लोग के संगे-संगे अल्पसंख्यक प्रतिनिधित्व पs खास धेयान दिहल गइल बा।
कैबिनेट मंत्री (मुख्य नाम): मिर्जा फखरुल इस्लाम आलमगीर, अमीर खोशरू महमूद चौधरी, सलाहुद्दीन अहमद, इकबाल हसन महमूद, मेजर (रिटायर्ड) हाफिज उद्दीन अहमद बीर बिक्रम, अबू जफर मोहम्मद जाहिद हुसैन, डॉ. खलीलुर रहमान, अब्दुल अव्वल मिंटू, काजी शाह मोफज्जल हुसैन कैकोबाद, मिजानुर रहमान मीनू, निताई रॉय चौधरी (हिंदू नेता), खंडेकर अब्दुल मुक्तदिर, अरिफुल हक चौधरी, जहीर उद्दीन स्वपन, मोहम्मद अमीन उर रशीद, अफरोजा खानम रीटा, शाहिद उद्दीन चौधरी एनी, असदुल हबीब दुलु, मोहम्मद असदुज्जमां, जकारिया ताहिर, दीपेन दीवान (अल्पसंख्यक), एएनएम एहसानुल हक मिलन, सरदार मोहम्मद सखावत हुसैन, फकीर महबूब अनम आ शेख रबीउल आलम।
राज्य मंत्री (मुख्य नाम): एम रशीदुज्जमां मिल्लत, अनिंद्य इस्लाम अमित, एमडी शरीफुल आलम, शमा ओबैद इस्लाम, सुल्तान सलाहुद्दीन टुकू, बैरिस्टर कैसर कमाल, फरहाद हुसैन आजाद, एमडी अमीनुल हक (टेक्नोक्रेट), मीर मोहम्मद हेलाल उद्दीन, हबीबुर रशीद, एमडी राजीब अहसन, एमडी अब्दुल बारी, मीर शाहे आलम, जोनायद अब्दुर रहीम साकी, इशराक़ हुसैन, फरजाना शर्मिन, शेख फ़रीदुल इस्लाम, नुरुल हक नूर, यासर खान चौधरी, एम इकबाल हुसैन, एमए मुहिथ, अहमद सोहेल मंजूर, बॉबी हज्जाज आ अली नेवाज महमूद खैयाम।
Read Also: Imran Khan Health : दुनिया के दिग्गजन के आवाज, इमरान खान के करावल जावs सही इलाज






