मनीष कश्यप के अपना संगे ले गइल तमिलनाडु पुलिस: अब उहवो सवालन के देवे के होई जवाब, बतावे के होई कि काहे वायरल कइलस फर्जी वीडियो

Share

यूट्यूबर पत्रकार मनीष कश्यप के तमिलनाडु के पुलिस अपना संगे लेके गइल बिया। तमिलनाडु पुलिस के अर्जी पs पटना के स्पेशल कोर्ट ट्रांजिट रिमांड पs ले जाये के आपन मंजूरी दे देले रहे। एकर पुष्टि आर्थिक अपराध इकाई (EOU) के तरफ से कइल गइल बा। EOU के मोताबिक मंगरे के तमिलनाडु पुलिस मनीष कश्यप के अपना संगे फ्लाइट से लेकर चल गइल बा। उहां ओकरा के कोर्ट में पेश कइल जाई।

फेर ओकरा के रिमांड पs लेके तमिलनाडु के पुलिस पूछताछ करी, काहेकि उहां के पुलिस के सोझा बिहारियन के पिटाई करे के ममिला में वायरल कइल गइल फर्जी वीडियो के लेके कइयन सवाल खड़ा बा। जवना के जवाब तमिलनाडु के पुलिस जानल चाहत बिया।

उहां के 6 केस में बा नामजद

बिहारियन के पिटाई आ ओकरा फर्जी वीडियो के वायरल करे के ममिला में ओइसे तs तमिलनाडु पुलिस 13 गो केस दर्ज कइले रहे। बाकिर, एमे से 6 गो केस अइसन बा, जेमे मनीष कश्यप नामजद बा। एमे से अकेले तीन केस कृष्णागिरी थाना में दर्ज बा।

एकरा अलावे बरगस आ त्रिपुर में एक-एक केस में मनीष कश्यप आ उनका यूट्यूब चैनल ‘सच तक’ के नाम सामिल बा। EOU से जुड़ल सूत्र बतावत बा लो कि तमिलनाडु के पुलिस अपना इहां दर्ज हर एक केस में ओकरा के रिमांड पs ली आ पूछताछ करी।

साभार: दैनिक भास्कर

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-