भारत के मनिका बत्रा आ अर्चना के जोड़ी कामथ मंगर के डब्ल्यूटीटी स्टार कंटेंडर के सेमीफाइनल में पहुंच गइल। क्वाटर फाइनल में मनिका-अर्चना के जोड़ी हांगकांग के सू वाई याम मीन्नी आ ली हो चिंग के जोड़ी के 3-1 से हरावल लो। भारतीय जोड़ी के सोझा अब सेमीफानल में चीनी ताइपे के ली यू झुन आ चेंग आई चिंग से होई। मनिका आ जी सत्यन के जोड़ी मिश्रित युगल के पहिलका दौर में स्पेन के मारिया जिओ आ अल्वारो रोबल्स के जोड़ी से 1-3 से हार के बाहर हो गइल।
टेबल टेनिस: मनिका-अर्चना के जोड़ी डबल्यूटीटी स्टार कंटेंडर के सेमीफाइनल में

सिविल इंजीनियर, भोजपुरिया, लेखक, ब्लॉगर आ कमेंटेटर। खेल के दुनिया से खास लगाव।
परिचे-
एगो निठाह समर्पित भोजपुरिया, जवन भोजपुरी के विकास ला लगातार प्रयासरत बा। खबर भोजपुरी के एह पोर्टल पs हमार कुछ खास लेख आ रचना रउआ सभे के पढ़े के मिली। रउआ सभे हमरा के आपन सुझाव anuragranjan1998@gmail.com पs मेल करीं।