T20 World Cup : सुपर-आठ के रोमांच आज से सुरू, पाकिस्तानी स्पिन बनाम न्यूजीलैंड के बल्लेबाजी के अग्निपरीक्षा

Share

स्पोर्ट्स डेस्क। टी20 विश्व कप 2026 में सुपर-8 चरण के धमाकेदार आगाज आज सनिचर से हो रहल बा। पहिला मुकाबला पाकिस्तान आ न्यूजीलैंड के बीच खेलल जाई, जहां दुन्नो टीम अपना-अपना ताकत के संगे मैदान में उतरी। लीग चरण में पाकिस्तान के गत चैंपियन भारत से 61 रन से हार झेले के पड़ल रहे। जबकि न्यूजीलैंड के दक्षिण अफ्रीका सात विकेट से हरवले रहे। अब सुपर-8 में असली टक्कर पाकिस्तानी स्पिन आ कीवी बल्लेबाजी कौशल के बीच देखे के मिली।

पाकिस्तान के सबसे मजबूत हथियार ओकर स्पिन आक्रमण बा। उस्मान तारिक के अगुवाई में स्पिनर धीमा पिच पs घातक साबित हो सकेला लोग। ओने, न्यूजीलैंड के बल्लेबाजी लाइनअप बहुते संतुलित बा- सलामी जोड़ी टिम सीफर्ट आ फिन एलन के अलावा ग्लेन फिलिप्स, रचिन रविंद्र आ मार्क चेपमैन जइसन खिलाड़ी टीम के मजबूती दे रहल बा लोग।

धीमा पिच पs पाकिस्तान के फायदा

पाकिस्तान पहिलही से श्रीलंकाई हालात से परिचित बा। कोलंबो के आर प्रेमादासा स्टेडियम में ऊ दूगो मैच खेल चुकल बा, जवन ओकरा के फायदा दे सकेला। न्यूजीलैंड खातिर चुनौती ई बा कि ओकर बल्लेबाज जनवरी से भारत में बल्लेबाजी-अनुकूल पिच पs खेलत आ रहल बा लोग। कोलंबो के धीमा पिच पs पाकिस्तानी स्पिन से निपटे खातिर कीवी बल्लेबाजन के खास रणनीति बनावे के पड़ी, हालांकि भारत में विश्वस्तरीय स्पिन के सामना करे के अनुभव ओह लोगन के काम आ सकेला।

आठवां मुकाबला, इतिहास में पाकिस्तान आगे

टी20 विश्व कप में अब तक पाकिस्तान आ न्यूजीलैंड सात बेर आमने-सामने आ चुकल बा- जवना में पाकिस्तान पांच आ न्यूजीलैंड दूगो मैच जीतल बा। एह इतिहास के ध्यान में रखत न्यूजीलैंड आक्रामक बाकिर सतर्क रुख अपनावे के कोसिस करी। पाकिस्तान के बल्लेबाजी साहिबजादा फरहान के इर्द-गिर्द घूमत लउकेला, जबकि तेज गेंदबाजी खास असर ना छोड़ पवलस। मिचेल सैंटनर के कप्तानी में न्यूजीलैंड के बल्लेबाजी आ तेज गेंदबाजी पाकिस्तान पs बढ़त दिला सकेला।

Read Also: Global Tariff : 10 प्रतिशत ग्लोबल टैरिफ के पुष्टि, एलान के बाद डोनाल्ड ट्रंप कार्यकारी आदेश पs कइलें हस्ताक्षर

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-