T20 World Cup : पाकिस्तान के धमकी से आईसीसी भड़कल, पीसीबी के अंतरराष्ट्रीय क्रिकेट बरबाद करे के चेतावनी

ICC warning Pakistan Cricket Board over T20 World Cup 2026 boycott threat

Share

स्पोर्ट्स डेस्क। टी20 वर्ल्ड कप 2026 के मुद्दा पs अब विवाद आउर गहिराह होत जा रहल बा। बांग्लादेश के टूर्नामेंट से बाहर कइला के बाद पाकिस्तानो बहिष्कार (बायकॉट) के धमकी दे रहल बा, जवना से इंटरनेशनल क्रिकेट काउंसिल (आईसीसी) आगबबूला हो गइल बा। आईसीसी पाकिस्तान क्रिकेट बोर्ड (पीसीबी) के साफ चेतावनी देले बा कि जदि पाकिस्तान टी20 वर्ल्ड कप से हटे के फैसला करत बा, तs ओकर अंतरराष्ट्रीय क्रिकेट पs बहुते बुरा असर पड़ सकेला।

आईसीसी के फैसला के बाद पीसीबी चेयरमैन मोहसिन नकवी बयान देत कहलें कि बांग्लादेश के संगे गलत भइल बा आ जदि ई फैसला वापस ना लिहल गइल, तs पाकिस्तानो वर्ल्ड कप के बहिष्कार कs सकेला। नकवी के ई बयान आईसीसी के बिल्कुल पसंद ना आइल।

सूत्रन के हवाले से खबर बा कि आईसीसी नकवी के बयान से नाराज बा। जदि पाकिस्तान सचमुच टी20 वर्ल्ड कप से नाम वापस ले लेत बा, तs आईसीसी पाकिस्तान के खिलाफ सख्त कार्रवाई कs सकेला। एह कार्रवाई में पाकिस्तान के अंतरराष्ट्रीय क्रिकेट से अलग-थलग करे, एशिया कप से बाहर करे आ पाकिस्तान सुपर लीग (पीएसएल) में बिदेसी खिलाड़ियन के खेले पs रोक लगावे जइसन डेग सामिल हो सकेला।

जदि अइसन भइल, तs पीसीबी के आमदनी पs तगड़ा असर पड़ी। घरेलू क्रिकेट के कमर्शियल वैल्यू बहुत घट जाई। पाकिस्तान टीम के लगे आईसीसी के कुछ बड़ टूर्नामेंट छोड़ के आउर कवनो अंतरराष्ट्रीय मुकाबला ना बांची।

मोहसिन नकवी कहले बाड़ें कि पाकिस्तान अभियो टी20 वर्ल्ड कप से हटे के अंतिम फैसला नइखे कइले। ई फैसला पाकिस्तानी सरकार के हाथ में बा। सरकार जवन निरदेस दी, पीसीबी ओही राह पs चली।

पूरा विवाद तब सुरू भइल जब भारत में बांग्लादेश के खिलाफ माहौल गरम भइल। आईपीएल 2026 में बांग्लादेशी गेंदबाज मुस्तफिजुर रहमान के किनला पs विरोध भइल। बीसीसीआई के निरदेस पs कोलकाता नाइट राइडर्स मुस्तफिजुर के रिलीज के देलस। एकरा से बांग्लादेश क्रिकेट बोर्ड नाराज हो गइल आ आईसीसी से मांग कइलस कि वर्ल्ड कप मैच भारत से बाहर कs के श्रीलंका में करावल जावs। आईसीसी ओकर एह मांग के मना कs दिहलस।

आईसीसी के फैसला ना मनला पs बांग्लादेश के वर्ल्ड कप से बाहर कs दिहल गइल आ ओकरा जगे स्कॉटलैंड के मवका मिलल। अब पाकिस्तान के धमकी से क्रिकेट दुनिया में नया बवाल खड़ा हो गइल बा।

Read Also: Bangladesh : एगो आउर हिंदू जुवक के जघन्य हत्या, गैराज में पेट्रोल डाल के जिंदा जरावल गइल

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-