T20 World Cup 2026 : ‘भारत में खेलs ना तs अंक गंवावs’, ICC बांग्लादेश बोर्ड के अल्टीमेटम देलस?

Bangladesh cricket team requesting ICC to shift T20 World Cup 2026 matches from India to Sri Lanka

Share

स्पोर्ट्स डेस्क। T20 वर्ल्ड कप 2026 के लेके ICC आ बांग्लादेश क्रिकेट बोर्ड (BCB) के बीच तकरार आउर गहरा गइल बा। मंगर के दिन भइल वर्चुअल मीटिंग के बाद ममिला गरमा गइल। ESPN-क्रिकइन्फो के रिपोर्ट के मोताबिक, ICC साफ कह देलस कि सुरक्षा के आधार पs भारत से बाहर मैच करावे के मांग नामंजूर बा। रिपोर्ट में इहो दावा कइल गइल बा कि जदि बांग्लादेश भारत में खेले से मना करत बा तs ओकरा अंक गंवावे के चेतावनी मिल सकेला।

बतावल जा रहल बा कि बांग्लादेश के लीग राउंड में भारत में चार मुकाबला खेलल तय बा। ICC के रुख से क्रिकेट के गलियारन में खलबली मचल बा।

BCB के खंडन, अल्टीमेटम से इनकार

हालांकि, बांग्लादेश क्रिकेट बोर्ड (BCB) एह तरे के अल्टीमेटम के सिरा से इनकार कइलस। BCB के कहनाम बा कि ICC ‘भारत में खेलो या अंक गंवाओ’ जइसन कवनो संदेश नइखे देले। दिलचस्प बात ई बा कि मीटिंग के बाद ना तs BCCI आ ना BCB कवनो आधिकारिक बयान जारी कइलस, जवना से सस्पेंस  आउर बढ़ गइल।

टूर्नामेंट शेड्यूल आ बांग्लादेश के मैच

20 टीमन वाला T20 वर्ल्ड कप 7 फरवरी से 8 मार्च तक भारत आ श्रीलंका में खेलल जाई। बांग्लादेश ग्रुप C में बा। ओकर पहिलका तीन मैच कोलकाता में-
7 फरवरी: वेस्टइंडीज
9 फरवरी: इटली
14 फरवरी: इंग्लैंड
ग्रुप स्टेज के आखिरी मुकाबला 17 फरवरी के मुंबई में नेपाल से होई।

मुस्तफिजुर रहमान ममिला बनल ट्रिगर

एह विवाद के जड़ में IPL से जुड़ल ममिला बतावल जा रहल बा। BCCI, कोलकाता नाइट राइडर्स (KKR) के निरदेस देलस कि बांग्लादेशी तेज गेंदबाज मुस्तफिजुर रहमान के रिलीज कइल जावs। मुस्तफिजुर के दिसंबर 2025 के नीलामी में 9.2 करोड़ में किनल गइल रहे। हालांकि, रिलीज के ठोस वजह सार्वजनिक रूप से साफ ना कइल गइल। खबर बा कि बांग्लादेश में हिंदुअन पs भइल हालिया अत्याचार के पृष्ठभूमि में ई फैसला लिहल गइल।

BCB के मांग आ मुआवजा विवाद

मुस्तफिजुर के रिलीज के बाद BCB, भारत में होखे वाला T20 वर्ल्ड कप के आपन मैच श्रीलंका में करावे के मांग कइलस। एही के संगे इहो साफ भइल कि मुस्तफिजुर के कवनो आर्थिक मुआवजा ना मिली, काहे कि ई ममिला चोट भा क्रिकेटिंग कारण से जुड़ल नइखे।

आगे का होई?

वर्ल्ड कप सुरू होखे में अब बस एके महीना बांचल बा। जदि ICC आ BCB के बीच जल्दिये साफ बातचीत ना भइल, तs ई विवाद टूर्नामेंट के तइयारी आ क्रिकेट कूटनीति दुनो पs असर डाल सकेला।

Read Also: Nepal Voilence : नेपाल में भारतीय सीमा से सकल इलाकन में फेर भइल हिंसा, हाई अलर्ट के बाद बॉर्डर सील

 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-