विजय शंकर पाठक स्मृति छात्रवृत्ति प्रदान करी स्वस्तिका सेवा संस्थान, स्मृति में आयोजित भइल श्रद्धांजली सभा

Share

स्वस्तिका सेवा संस्थान के तरफ से आज सोमार के संस्था के पूर्व संस्थापक सदस्य स्मृति शेष विजय शंकर पाठक के दुसरका पुण्य तिथि पs एगो श्रद्धांजलि सभा के आयोजन कइल गइल। संस्था के सब सदस्य लोग अश्रुपूरित श्रद्धांजलि देहल।

एह अवसर पs संस्था के महामंत्री रणविजय द्वारा संस्थान के तरफ से विजय शंकर पाठक स्मृति छात्रवृति के सुरुआत करे के प्रस्ताव सदस्य लोगन के सामने रखलें। संस्था हर साल 5 गरीब मेघावी लईकन के 5000 रू के वार्षिक छात्रवृति प्रदान करी। एह प्रस्ताव के समर्थन सब सदस्यन द्वारा ध्वनि मत से कइल गइल।

संस्था के सचिव श्रीमती रंजना पाठक द्वारा बतावल गइल की स्व0 विजय शंकर पाठक एगो मेधावी छात्र के संगे कर्मनिष्ठ शिक्षको रहलें। विजय शंकर पाठक के कोरोना संक्रमण से दु साल पहिले 8 मई 2021 के असामयिक मृत्यु हो गइल। उनका इयाद मे हर साल पांच गरीब मेधावी छात्रन के चिन्हित कs के ई छात्रवृति प्रदान कइल जाई।

संस्था द्वारा आयोजित शोक सभा मे संस्था के सदस्यन के संगे रवि प्रकाश यादव, रीना, अभय, भूपेश, प्रेरणा,गिरजेश,……, आदि श्रद्धांजली अर्पित कइल लो।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-