Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

स्वाद यात्रा : रेस्टोरेंट स्टाइल चिल्ली पनीर घर बइठल एकदम झटपट बनाई उहो बहुते कम सामान में,जानी एकता त्रिपाठी जी के चिल्ली पनीर रेसिपी

517
Google Ads 300*250 for posts

chilli paneer recipe in bhojpuri : चिल्ली पनीर के स्वाद मसालेदार और चटपटा होखेला। जदी रउवा मसालेदार खाना पसंद बा तs रउवा ई जरूर पसंद आई। जदी रउवा कबो चिल्ली पनीर नइखी खइले तs एक बेर जरूर आजमावे के चाही। इहो जानी कि मिर्च पनीर बहुत पौष्टिक होला काहे कि एहमें कई तरह के सब्जी के इस्तेमाल होला। बूढ़ा बच्चा केहू एकर स्वाद के आनंद ले साकेत बा।

 

चिल्ली पनीर बनावे के समाग्री/ मेजन

-250 ग्राम पनीर

-2 शिमला मिर्च

-2 प्याज

-1 inch अदरक भा आदी के टुकड़ा

– 2-4 हरीयर मिर्च

-2 चम्मच शेजवान सॉस

– 1 चमच काली मिर्च पाउडर

-2 चम्मच सोया सॉस

-2 चम्मच नमक (स्वादानुसार)

-2 चम्मच कॉर्न फ्लोर

-1 कप रिफाइंड तेल

चिली पनीर बनावे के विधि-

 

  • चिली पनीर बनावे खातिर सबसे पहिले पनीर, प्याज आ शिमला मिर्च के छोट क्यूब्स में काट लिही। एकरे बाद कटल शिमला मिर्च के पानी से धोके एक तरफ अलग राख दीही। अब अदरक छीलके एक छोटी कटोरी में बारीक काट लिही। फेर हरीयर मरीचा काट लिही।
  • अब कटल पनीर क्यूब्स में लाल मिर्च पाउडर,कॉर्न फ्लोर,स्वाद अनुसार नमक फेट लिहि।
  •  एकरे बाद एगो कड़ाही में तेज़ आंच पs तेल गर्म करके ओहमें पनीर के टुकड़ा डालके सुनहरा होखे तक छान लिही।
  • अब एही कड़ाही में तेज़ आंच पs तनी सा तेल डालके ओह मे कटल लहसुन, कटल अदरक कटल हरीयर मरीचा डालके भून लीहि। एकरे बाद एहमें कटल शिमला मिर्च डालीं। एक मिनट खातिर भुनी आ फेर एहमें प्याज डाली। एकरे बाद शेज़वान सॉस, सोया सॉस,स्वाद अनुसार नमक, कॉर्न फ्लोर के घोल डालीं।
  • अब निमन से चलावत दु से तीन मिनट तक पकाई।
  • आखिर में एह मिक्सचर में तलल पनीर क्यूब्स डालके बढ़िया से मिला दीही।
  • अब स्प्रिंग ऑनियन से गार्निश कs के गरमागरम सर्व करी ।

 

पूरा रेसिपी देखे ला दिहल गइल यूट्यूब लिंक पs जाई ।

 

 

895540cookie-checkस्वाद यात्रा : रेस्टोरेंट स्टाइल चिल्ली पनीर घर बइठल एकदम झटपट बनाई उहो बहुते कम सामान में,जानी एकता त्रिपाठी जी के चिल्ली पनीर रेसिपी

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.