Surya Grahan 2025: ज्योतिष शास्त्र में ग्रहन के राशि परिवर्तन, नक्षत्रन में प्रवेश आ युति निर्माण के संगे-सगे ग्रहण के महत्वपूर्ण घटना मानल गइल बा। एकर प्रभाव सब 12 राशियन सहित देस- दुनिया के कार्यप्रणालियो प्रभावित होला। बता दीं, जब चंद्रमा, पृथ्वी आ सूर्य के बीच से गुजरेला, तs एह इस्थिति में सूरज के रोशनी धरती पs ना पहुंच पावेला। एह घटना के सूर्य ग्रहण कहल जाला। अबकी बेर 29 मार्च के सूर्य ग्रहण बा।
एकर समय दुपहरिया 2 बजके 20 मिनट से लेके सांझ 6 बजके 16 मिनट तक रही। ई ग्रहण भारत में ना देखाई दी, एहिसे एकर सूतको मान्य ना होई। हालांकि सूर्य ग्रहण मीन राशि आ उत्तर भाद्रपद नक्षत्र में घटित होई। एह दौरान, सूर्य, राहु, शुक्र, बुध आ चंद्रमा ग्रह सब मीन में विराजमान होई, जे एह ग्रहण के प्रभाव के महत्वपूर्ण बना रहल बा। अइसन में साल के पहिले सूर्य ग्रहण से कुछ राशि वालन के आर्थिक लाभ के प्राप्ति, तs कुछ जातकन के समस्या बढ़ सकेला। आईं एह राशियों के नाम जानल जावs…
मेष राशि
साल के पहिला सूर्य ग्रहण मेष राशि खातिर मुश्किलन से भरल हो सकत बा। रउआ एह कामन में कइयन गो समस्या झेले के पड़ सकेला। कोर्ट के ममिला परेसान करी। निवेश करे से बचे के होई। बेयपार में नुकसान हो सकत बा।
कर्क राशि
ज्योतिषियन के मोताबिक साल के पहिला सूर्य ग्रहण कर्क राशि वालन खातिर खास हो सकत बा। रउआ निवेश में लाभ के प्राप्ति होई। समाज में मान-सम्मान में बढ़न्ती होई। आय के नया-नया स्त्रोत रउआ मिली। करियर में उन्नति के नया-नया अवसर रउआ प्राप्त होई।
वृश्चिक राशि
ई समय वृश्चिक राशि वालन खातिर कठिनाइयन से भरल हो सकत बा। स्वास्थ्य के खास धेयान रखे के आवश्यकता रही। विद्यार्थियन के पढ़ाई-लिखाई में समस्या आ सकत बा। एह समय रउआ कवनो यात्रा पs जाये से बचीं। एह दौरान संपत्ति से संबंधित विवाद के सामना करे के पड़ सकत बा।
मकर राशि
रउआ विशेष लाभ के प्राप्ति होखला के पूरा संभावना बा। आर्थिक इस्थिति पहिलहू से बेहतर होई। धन के प्राप्ति होखला से पहिले के मुकाबला रउआ जीवनशैली में सुधार देखे के मिली। नौकरी में बेहतर अवसर के प्राप्ति होई। जवना लोगन के आपन कवनो बेवसाय भा एमे मुनाफा हासिल हो सकत बा।
डिस्क्लेमर (अस्वीकरण): इहां दिहल गइल जानकारी सामान्य मान्यतन, ज्योतिष, पंचांग, धार्मिक ग्रंथन आदि पs आधारित बा। इहां दिहल गइल सूचना आ तथ्यन के सटीकता, संपूर्णता खातिर खबर भोजपुरी उत्तरदायी नइखे।
Read Also: Surya Grahan 2025: सूर्य ग्रहण आज, जानीं कवना राशि वालन के होई लाभ आ केकर बढ़ी मुश्किल