गेटवे इंटरनेशनल स्कूल के छात्र-छात्रा लोग यातायात नियम के प्रति लोग के कइलें जागरुक

कुमार आशू

उत्तर प्रदेश के बागपत में यातायात महीना के शुभारंभ पर गेटवे इंटरनेशनल स्कूल के छात्र छात्रा लोग वाहन चालकन के यातायात नियम के प्रति जागरूक कइलें अउर सड़क पर गाड़ी चलावत यातायात नियम के पालन करे के अपील कइलें।

यातायात माह के पहिले दिन पुलिस लाइन में आयोजित कार्यक्रम के संबोधित करत एसपी नीरज कुमार जादौन कहलें कि यातायात नियम के पालन कइले से सड़क पर सफर सुरक्षित होई। एह अवसर पर गेटवे इंटरनेशनल स्कूल के प्रधानाचार्य अमित चौहान कहलें कि सब वाहन चालकन के यातायात नियम के पालन करे के चाहीं, जेसे सड़क पर होखे वाले हादसा पर अंकुश लागी।

एकरे उपरांत गेटवे इंटरनेशनल स्कूल के छात्र-छात्रा लोग बागपत शहर के राष्ट्र वंदना चौक से यातायात जागरूकता रैली निकललें। जौन शहर के बड़ बाजार, शौकत बाजार, गांधी बाजार से होत वापस राष्ट्र वंदना चौक पहुंच के संपन्न भइल। रैली में छात्र-छात्रा वाहन चालकन के यातायात नियम के प्रति जागरूक कइलें।

Share This Article