India China: भारतीय सेना के चीन के फेर करारा संदेश, बर्फीला गलवान में क्रिकेट खेलके कहलस- हमनी के असंभव के बनावत बानी सs संभव

Share

India China News: भारत अब 1962 वाला देस नइखे रह गइल, जवन फेर से चीन (China) के धोखेबाजी के शिकार हो जाव। अब ऊ चीन के सैन्य क्षमतन से लेके हर क्षेत्र में जोरदार टक्कर दे रहल बा। जवना से चीन अंदरे अंदर परेसान तs रहेला बाकिर कुछ कs ना पावेला। अब भारतीय सेना (Indian Army) लद्दाख में एक बेर कुछ अइसन कs देलें कि चीन के बौखला जाना तय बा।

हम असंभव के संभव बनावत बा

भारतीय सेना अपना लबालब आत्मविश्वास के देखावत पूर्वी लद्दाख (East Ladakh) में क्रिकेट खेल रहल सैनिकन के तस्वीरन के शेयर कइले बा। लद्दाख क्षेत्र के सुरक्षा में तैनात 14वीं कोर, जवना के फायर एंडफ्यूरी कोर (Fire and Fury Corps) कहल जाला, ऊ एह तस्वीरन के अपना ट्विटर हैंडल पs पोस्ट कइले बा। अपना एह पोस्ट में 14वीं कोर लिखलस, ‘पटियाला ब्रिगेड, त्रिशूल डिवीजन शून्य से नीचे तापमान में अत्यधिक ऊंचाई वाला क्षेत्र में पूरा उत्साह आ जोश के संगे क्रिकेट मैच के आयोजन कइलस। हम असंभव के संभव बनावत बा।’

गलवान में क्रिकेट खेल दिहल गइल संदेश

लद्दाख क्षेत्र में ई मैच कवना स्थान पs खेलल गइल, सेना (Indian Army) एकरा के लेके कवनो खुलासा नइखे कइल गइल। बाकिर एक्सपर्ट लोगन के मानल बा कि ई तस्वीर गलवान एरिया के हs। जून 2020 में चीनी सेना गलवान एरिया के पेट्रोल पॉइंट पोस्ट-14 पs हमला कs देले रहे। दुनो ओर से रातभर चलल भिडंत में भारत के 20 सैनिक शहीद हो गइल रहे लो, जबकि चीन के करीब 40-45 सैनिकन के आपन जान गंवावे के पड़ल रहे। हालांकि सरम के वजह से चीन खाली 5 सैनिकन के मौत कबूलले रहे।

चीन के सबक सिखावे के तइयारी

डिफेंस एक्सपर्टन के मोताबिक 14वीं कोर (Indian Army 14th Corps) सुक के जवना स्थान पs क्रिकेट मैच खेललस, ऊ गलवान घाटी में पेट्रोल पॉइंट 14 से 4 किमी दूर बा। एह मैच ks तस्वीरन के जारी कs के भारतीय सेना चीन (China) के करारा संदेश देले बा कि ऊ एह इलाका के मौसम के अभ्यस्त बा आ जदि ड्रैगन फेर से सरहद पs कवनो गड़बड़ करे के कोसिस  कइलस तs ओकरा के ढंग से सबक सिखा दिहल जाई।

सैनिकन आ भारी हथियारन के जमावड़ा

बतावत चलीं कि कइयन दौर के सैन्य बातचीत के बाद दुन देस के सेना पेट्रोल पॉइंट-14 पs आपसी टकराव से बचे खातिर आपन-आपन पोजिशन से डेढ़-डेढ़ किमी पीछे हटे के फैसला कइले रहे। एकरा बाद उ पेट्रोलिंग एरिया बफर जोन में तब्दील हो गइल। हालांकि चीनी सेना (China) एह पेट्रोलिंग पॉइंट से 1.5 किमी पs बइठल बिया। जवना के देखत भारत (Indian Army) बफर जोन के अगरी-कगरी कइयन गो कैंप बनाके सैनिकन आ भारी हथियारन के जमावड़ा कइले बा। संगही सर्विलांस उपकरणन के मदद से चीनी गतिविधियन पs लगातार निगाह रखल जा रहल बा।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-