Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

सांझ के 10 बड़ खबर

1,010
  1. बिहार: IGIMS में रैगिंग… भोजपुरी गाना पs डांस करवावे ला सीनियर्स लोग; कबो छिपकिली, कबो बनावेला लोग मेढ़क, सीनियर के सोझा 90 डिग्री झुकके प्रणाम कइल जरूरी, नजर शर्ट के तीसरा बटन पs होखल जरूरी।
  2. बिहार: 4 सदस्यीय जांच टीम तमिलनाडु रवाना; मुख्यमंत्री बोललें- टीम जा रहल बिया, एक-एक चीज के देखी; टीम में 2 तमिलनाडु के रहे वाला।
  3. उत्तर प्रदेश: पूर्व मंत्री याकूब कुरैशी के बेटा फिरोज कुरैशी के 96 दिन बाद रिहाई, गैंगस्टर एक्ट-धोखाघड़ी के ममिलन में मिलल जमानत।
  4. उत्तर प्रदेश: काशी में भक्त लोग बाबा विश्वनाथ के संगे महाश्मशान पs खेलल होली, घाटन पs उमड़ल भीड़।
  5. झारखंड: हाईकोर्ट से राहत मिलतही बोलले जामताड़ा विधायक इरफान अंसारी- हम कांग्रेस के ईमानदार नेता, हमनी के आपस में ना भाजपा से लड़े के बा।
  6. मनीष सिसोदिया के रिमांड 6 मार्च तक बढ़ल: जमानत अर्जी पs फैसला 10 मार्च के, कोर्ट सीबीआई से जवाबो मंगलस।
  7. सेना चीन सीमा पs एक्टिविटी बढ़वलस: गलवान में घोड़न के संगे पेट्रोलिंग कर रहल बा जवान लोग, फिटनेस खातिर क्रिकेट-हॉकी खेल रहल बा लोग।
  8. पीएम मोदी त्रिपुरा, नागालैंड आ मेघालय में मंत्रिमंडल के शपथ ग्रहण समारोह में सामिल होइहें। मेघालय आ नागालैंड में 7 मार्च आ त्रिपुरा में 8 मार्च के होई शपथग्रहण।
  9. अमेरिकी राष्ट्रपति के केंसर रहे, सर्जरी भइल: बाइडेन के चेस्ट से स्किन कैंसर के टिश्यू निकालल गइल, डॉक्टर बोलल लोग – अब प्रेसिडेंट बिल्कुल फीट। बाइडेन के पत्नी आ बेटा के रहे केंसर।
  10. WPL के ओपनिंग सेरेमनी सुरू: मंदिरा बेदी होस्ट कर रहल बाड़ी; बॉलीवुड एक्ट्रेस कियारा आडवाणी आ कृति सेनन करी लो परफॉर्म, पहिला मुकाबल गुकरात आ मुंबई के बीच में।
475990cookie-checkसांझ के 10 बड़ खबर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.