Anand Varadarajan : IIT से पढ़ल आ अमेजन में दु दशक तक कइलें काम, के हवे आनंद वरदराजन, जिनका के स्टारबक्स सउपलस अहम जिम्मेदारी

Anand Varadarajan appointed as Executive Vice President and CTO of Starbucks

Share

नई दिल्ली। स्टारबक्स भारतीय मूल के टेक्नोलॉजी एग्जीक्यूटिव आनंद वरदराजन के आपन नया एग्जीक्यूटिव वाइस प्रेसिडेंट आ चीफ टेक्नोलॉजी ऑफिसर (CTO) नियुक्त कइले बा। आनंद वरदराजन अमेजन में करीब 20 बरिस से जादे समय ले काम कइले बाड़ें।

स्टारबक्स से मिलल जानकारी के माेताबिक, आनंद वरदराजन अगिला साल 19 जनवरी के कंपनी के एग्जीक्यूटिव लीडरशिप टीम में सामिल होइहें आ सीधा चीफ एग्जीक्यूटिव ऑफिसर ब्रायन निकोल के रिपोर्ट करिहें। बतावल गइल बा कि ऊ डेब हॉल लेफेवरे के जगह लेले बाड़ें, जे सितंबर में रिटायर हो गइल रहली।

अमेजन में 19 बरिस के लमहर अनुभव

रिपोर्ट के अनुसार, आनंद वरदराजन अमेजन में करीब 19 बरिस तक ग्राहक-केंद्रित टेक्नोलॉजी प्लेटफॉर्म बनावे में अहम भूमिका निभइले बाड़ें। हाल के समय में ऊ अमेजन के वर्ल्डवाइड ग्रोसरी स्टोर्स बिजनेस खातिर टेक्नोलॉजी आ सप्लाई चेन के देखरेख करत रहलें। अमेजन से पहिले ऊ ओरेकल में सॉफ्टवेयर इंजीनियर के तौर पs आ कइयन गो स्टार्टअप्स में काम कइले बाड़ें।

स्टारबक्स के बयान में कहल गइल बा कि वरदराजन के सुरक्षित आ भरोसेमंद सिस्टम डेवलप करे, ऑपरेशनल एक्सीलेंस के समर्थन देवे आ टेक्नोलॉजी के बड़े पैमाना पs लागू करे के गहिराह अनुभव बा। संगही ऊ हर फैसला में ग्राहक के केंद्र में रखे के सोच रखेलें।

आईआईटी से पढ़ाई

आनंद वरदराजन इंडियन इंस्टीट्यूट ऑफ टेक्नोलॉजी (IIT) से पढ़ाई कइले बाड़ें। एकरा अलावे ऊ पर्ड्यू यूनिवर्सिटी से सिविल इंजीनियरिंग में मास्टर डिग्री आ यूनिवर्सिटी ऑफ वाशिंगटन से कंप्यूटर साइंस में मास्टर डिग्री हासिल कइले बाड़ें।

स्टारबक्स के माने के बा कि आनंद वरदराजन के नियुक्ति से कंपनी के टेक्नोलॉजी पहल में तेजी आई आ ग्लोबल बिजनेस में डिजिटल क्षमता आउर मजबूत होई।

Read Also: AIMLTACON-2025 : दु दिन के राष्ट्रीय संगोष्ठी में देसभर से आइल 1700 मेडिकल लैब प्रोफेशनल्स कइल लोग मंथन

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-