Bangladesh Tension : बांग्लादेश में फेर बवाल, हसीना विरोधी एगो आउर छात्र नेता के मारल गइल गोली

By Anurag Ranjan

Published on: Dec 22, 2025

नई दिल्ली। बांग्लादेश एह समय हिंसा के आग में झुलस रहल बा। हाले में इंकलाब मंच के प्रवक्ता आ कट्टरपंथी नेता उस्मान हादी के हत्या के बाद ढाका में हिंसा देखे के मिलल बा। एह

Share

Bangladesh political violence as student leader injured in shooting incident

नई दिल्ली। बांग्लादेश एह समय हिंसा के आग में झुलस रहल बा। हाले में इंकलाब मंच के प्रवक्ता आ कट्टरपंथी नेता उस्मान हादी के हत्या के बाद ढाका में हिंसा देखे के मिलल बा। एह बीच बांग्लादेश में एगो आउर हाई प्रोफाइल गोलीबारी के खबर सामने आइल बा।

दरअसल, कुछ अज्ञात बंदूकधारी छात्र नेतृत्व वाली नेशनल सिटिजन पार्टी (NCP) के नेता पs हमला बोलले सs। बतावल जा रहल बा कि बीएनपी के खुलना डिविजनल हेड मोतालेब सिकदर के सोमार के माथा में गोली लागल बा। बतावल जा रहल बा कि सिकदर के माथा के बायां ओर गोली लागल बा आ उनकर अस्पताल में इलाज चल रहल बा।

हिंसा के आग में झुलस रहल बा पड़ोसी मुल्क

गौर करे वाला बात बा कि पिछिला हफ्ता कट्टरपंथी नेता शरीफ उस्मान हादी के मौत के बाद पूरा बांग्लादेश में हिंसक विरोध प्रदर्शन भइल। हादी भारत विरोध बयानबाजी खातिर जानल जात रहे। साल 2024 में बांग्लादेश में छात्र विद्रोह के दौरान ऊ चरचा में आइल।

बांग्लादेश में अगिला साल होखे वाला बा आम चुनाव

गौर करे वाला बात बा कि बांग्लादेश में अंतरिम सरकार के गठन के बाद पहिला बेर देस में आम चुनाव के तइयारी कइल जा रहल बा। फरवरी 2026 में बांग्लादेश में आम चुनाव होखे के बा। हैरान करे वाला बात बा कि बांग्लादेश में जइसे-जइसे चुनाव नजदीक आ रहल बा, देस के अलग-अलग हिस्सन में हिंसक विरोध प्रदर्शन आ हिंदू अल्पसंख्यकन पs हमला के खबर आ रहल बा।

Read Also: Anand Varadarajan : IIT से पढ़ल आ अमेजन में दु दशक तक कइलें काम, के हवे आनंद वरदराजन, जिनका के स्टारबक्स सउपलस अहम जिम्मेदारी

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.