एजुकेशन डेस्क। एसएससी संयुक्त स्नातक स्तरीय टियर-1 परीक्षा (SSC CGL) खातिर आवेदन करे वाला उम्मीदवारन खातिर स्टाफ सिलेक्शन कमीशन के ओर से एडमिट कार्ड आज डाउनलोड खातिर उपलब्ध करवावल जा सकेला। सब अभ्यर्थियन के प्रवेश पत्र ऑनलाइन डाउनलोड करे के होई, कवनो उम्मीदवार के एसएससी के ओर से पर्सनल रूप से एडमिट कार्ड ना भेजल जाई।
एसएससी के ओर से एडमिट कार्ड के डायरेक्ट लिंक ऑफिशियल वेबसाइट ssc.gov.in पs एक्टिव कइल जाई। एकरा बाद आवेदनकर्ता लॉग इन डिटेल दर्ज कs के SSC CGL 2025 Admit Card डाउनलोड कs सकी लोग।
ग्रुप बी व सी के 14582 पदन खातिर हो रहल बा परीक्षा
रउआ के बता दीं कि एसएससी के ओर से एह भर्ती के माध्यम से भारत सरकार के अलग-अलग डिपार्टमेंट्स के अंतर्गत ग्रुप बी आ ग्रुप सी के 14582 पदन पs नियुक्ति कइल जाई।
एडमिट कार्ड खाली 4 स्टेप्स में कइल जा सकी डाउनलोड
एसएससी के ओर से एडमिट कार्ड जारी होखतही उम्मीदवार खाली 4 स्टेप्स के फॉलो कs के आपन प्रवेश पत्र डाउनलोड कs सकी लोग। स्टेप्स निम्नलिखित बा-
एसएससी सीजीएल एडमिट कार्ड 2025 जारी होखतही रउआ सबसे पहिले ऑफिशियल वेबसाइट ssc.gov.in पs जाये के होई।
वेबसाइट के होम पेज पs एडमिट कार्ड से संबंधित लिंक पs क्लिक करे के होई।
एकरा बाद राउर मांगल गइल डिटेल (रजिस्ट्रेशन नंबर/ डेट ऑफ बर्थ) दर्ज कs के सबमिट करे के होई।
अब प्रवेश पत्र स्क्रीन पs ओपन हो जाई जहां से रउआ एकरा के डाउनलोड कs के एकर प्रिंटआउट निकाल सकेम।
डेट वाइज परीक्षा तिथि
एसएससी के ओर से परीक्षा के आयोजन देसभर में निर्धारित केंद्रन पs कुल 15 दिन में करवावल जाई। डेट के अनुसार परीक्षा 12, 13, 14, 15, 16, 17, 18, 19, 20, 21, 22, 23, 24, 25 आ 26 सितंबर 2025 के करवावल जाई।
चयन प्रक्रिया
एह भर्ती में चयनित होखे खातिर उम्मीदवारन के पहिले टियर 1 एग्जाम में भाग लेवे के होई। ई परीक्षा क्वालिफाइंग प्रकृति के होई। एह चरण में सफल होखला पs अभ्यर्थियन के टियर 2 एग्जाम खातिर आमंत्रित कइल जाई। एह राउंड में कइल गइल प्रदर्शन के आधार पs अभ्यर्थियन के चयन कइल जाई। अंत में उम्मीदवारन के दस्तावेज सत्यापन प्रक्रिया में भाग लेवे के होई। डॉक्युमेंट वेरिफिकेशन में सफल होखला पs अभ्यर्थियन के रिक्त पदन पs नियुक्ति प्रदान कइल जाई। भर्ती से जुड़ल जादे डिटेल खातिर अभ्यर्थी ऑफिशियल वेबसाइट पs विजिट कs सकत बा लो।