Srinagar Encounter: सुरक्षाबल के अभियान में दाचीगाम जंगल में एगो आतंकी ढेर, दुनो ओर से गोलीबारी जारी

Security forces - फोटो : अमर उजाला

Share

जम्मू-कश्मीर के श्रीनगर के दाचीगाम वन क्षेत्र में सुरक्षा बलन आ आतंकवादियन के बीच मुठभेड़ चल रहल बा। मुठभेड़ में सुरक्षाबल एगो आतंकी के मार गिरवले बा लो। सुरक्षाबल आतंकियन के गोलीबारी के जवाब दे रहल बा लो।

जानकारी के मोताबिक, विशेष खुफिया जानकारी मिलला के बाद दाचीगाम जंगल के ऊपरी इलाकन में सुरक्षा बल घेराबंदी आ तलाशी अभियान सुरू कइल को। आतंकी खुद के घिरत देख सुरक्षाबलन पs गोलीबारी कs देलें सs। सुरक्षाबलन के ओर से मुंहतोड़ जवाब दिहल गइल। जेमे एगो आतंकी के मार गिरावल गइल बा।

इहो पढ़ीं: छपरा जंक्शन से थावे खातिर चली 4 पैसेंजर ट्रेन: इंटरलॉकिंग काम पूरा होखला के बाद सुरू होई परिचालन

एगो पुलिस अधिकारी बतवलें कि दाचीगाम शहर के बाहरी इलाका में इस्थित एगो राष्ट्रीय उद्यान बा। ई लगभग 141 वर्ग किलोमीटर के क्षेत्र में फइलल बा। आतंकवादियन से संपर्क तब भइल जब ऊ सुरक्षा बलन के एगो तलाशी दल पs गोलीबारी कइलें, जवना के बाद सुरक्षा बलन के ओर से जवाबी कार्रवाई कइल गइल। अधिकारी लोग बतावल कि अभी गोलीबारी जारी बा।

अनंतनाग में आतंकी मददगार के 5 करोड़ के संपत्ति कुर्क

एकरा पहिले, सोमार के अनंतनाग जिला पुलिस एगो बड़ कार्रवाई करत आतंकी मददगार के दु मंजिला आवासीय संपत्ति कुर्क कइले रहे।श्रीगुफवारा के हुगाम लोनपोरा निवासी फिरदौस अहमद भट के नाम पs पंजीकृत ई संपत्ति एगो कनाल आ 10 मरला में फइलल बा। एकर कीमत लगभग 5 करोड़ बा। ई कुर्की पुलिस स्टेशन मट्टन में दर्ज केस के आधार पs कइल गइल बा। ई कार्रवाई पुलिस टीम आ कार्यकारी मजिस्ट्रेट के मवजूदगी में कइल गइल।

साभार: अमर उजाला

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-