छपरा जंक्शन से थावे खातिर चली 4 पैसेंजर ट्रेन: इंटरलॉकिंग काम पूरा होखला के बाद सुरू होई परिचालन

By Anurag Ranjan

Published on: Dec 3, 2024

छपरा- मशरक थावे रेलखंड पs चले वाली पैसेंजर ट्रेनन के परिचालन अब छपरा जंक्शन से कइल जाई। एकर जानकारी मुख्य जनसंपर्क अधिकारी अशोक कुमार देलें। एह साल 31 मार्च से पहिले छपरा कचहरी आ छपरा

Share

छपरा जंक्शन से थावे खातिर चली 4 पैसेंजर ट्रेन

छपरा- मशरक थावे रेलखंड पs चले वाली पैसेंजर ट्रेनन के परिचालन अब छपरा जंक्शन से कइल जाई। एकर जानकारी मुख्य जनसंपर्क अधिकारी अशोक कुमार देलें। एह साल 31 मार्च से पहिले छपरा कचहरी आ छपरा जंक्शन के बीच नॉन इंटरलॉकिंग के काम पूरा कs लिहल गइल रहे। सीआरएस ट्रायल के बाद सबसे पहिले लमहर दूरी के स्पेशल ट्रेनन के परिचालन छपरा जंक्शन से सुरू कइल गइल रहे।

दीपावली आ छठ के अवसर पs चार जोड़ी स्पेशल ट्रेनन के परिचालन नई दिल्ली, अमृतसर सहित आउर शहरन खातिर कइल गइल रहे। सब स्पेशल ट्रेनन के परिचालन अबकी बेर छपरा जंक्शन से कइल गइल रहे। छपरा कचहरी से चले वाली गोमतीनगर एक्सप्रेस के परिचालन छपरा कचहरी से पिछिला सात बरिसन से होत आ रहल बा। अब गोमती नगर एक्सप्रेस के परिचालन छपरा जंक्शन से कइल जा रहल बा।

चार पैसेंजर ट्रेनन के परिचालन छपरा जंक्शन से होई

जनसंपर्क अधिकारी अशोक कुमार बतवलें कि छपरा- मशरक थावे रेलखंड पs चले वाली चार पैसेंजर ट्रेनन के परिचालन अमान परिवर्तन के बाद से छपरा कचहरी से होत आ रहल बा। अब पैसेंजर ट्रेनन के परिचालन छपरा जंक्शन से सुरू कइल जाई।

इहो पढ़ीं: सारण: तरैया के अरदेवा आ पचरौर में बनी दुगो नया विद्युत सब स्टेशन

छपरा जंक्शन से पैसेंजर ट्रेनन के परिचालन सुरू होखे से लमहर दूरी के यात्रा करे वाला यात्रियन के सहूलियत होई। पहिले छपरा जंक्शन तक लमहर दूरी के ट्रेनन से उतरला के बाद प्रवासी तीन किलोमीटर दूर छपरा कचहरी जाके अपना घर लवटे खातिर पैसेंजर ट्रेन से यात्रा करत रहे लो।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.