Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

पटना में 1 जून के वोटर्स खातिर खास ऑफर: मूवी टिकट पs 50% के डिस्काउंट, जिम आ रेस्टोरेंट में मिली छूट

256

पटना जिला में सातवां चरण के तहत आवे वाला एक जून के वोट डालल जाई। वोटिंग प्रतिशत बढ़ावे के लेके जिला प्रशासन लगातार जागरूकता कार्यक्रम चला रहल बा। वोटिंग वाला दिन मूवी, जिम, रेस्टोरेंट समेत बेकरी शॉप पs विशेष छूट दिहल जाई।

वोटरन के मूवी टिकटन पs 50 फीसदी के छूट दिहल जाई। ई छूट एक आ दु जून के सब शो में दिहल जाई। कवनो मतदाता वोट डलला के बाद अपना उंगरी पs लागल स्याही देखवला पs उनका के टिकटन पs 50% के छूट मिली। आशियाना-दीघा रोड रूकनपुरा इस्थित आउटलेट ‘बिरयानी बाय बिहारिज’ के ओर से एक से पांच जून तक किनला पs 15% के छूट दिहल जाई।

रैपिडो मतदाता के फ्री सेवा दिही

एकरा संगही एक जून के मतदान करे खातिर बूथ पs जाये में कवनो परेसानी ना होखे, एकरा खातिर रैपिड मतदाता लोगन के फ्री सेवा दिही। घर से पोलिंग बूथ तक जाये आ फेर वापस घर आवे खातिर निशुल्क बेवस्था कइल गइल बा। रैपिडो ऐप के प्रयोग कs के मतदाता फ्री परिवहन सेवा प्राप्त कs सकत बा लो।

एह परब के अच्छा से सेलिब्रेट करे के चाहीं 

डीएम शीर्षत कपिल अशोक कहलें कि पटना साहिब लोकसभा क्षेत्र के वोटिंग प्रतिशत सबसे खराब रहे के बा। पिछला बेर 45% वोटिंग भइल रहे। वोट देवे खातिर हम सब लोगन के पांच मिनट समय जरुर निकाले के चाहीं। जइसे हमनी के दिवाली भा ईद मनावत बा, ओइसही लोकतंत्र के ई परब पांच साल में एक बेर आवेला। एहिसे हमनी के सब लोगन के एह परब के अच्छा से सेलिब्रेट करे के चाहीं।

पटना के अलग-अलग संगठनो एकरा खातिर सामने आ रहल बा। मीडिया हाउस दैनिक भास्कर के ओर से रन फॉर वोट इवेंट करावल जा रहल बा। वोटिंग के दिन रैपिडो के ओर से 1000 बाइक वोटरन खातिर निशुल्क उपलब्ध रही। ई सब चीज मतदान खातिर हो रहल बा। एहिसे एक जून के हमनी सभे के अपना मतदान के हक जरूर जतावे के चाहीं। पटना, बिहार आ भारत के लोकतंत्र के मजबूत बनावे के चाहीं।

830140cookie-checkपटना में 1 जून के वोटर्स खातिर खास ऑफर: मूवी टिकट पs 50% के डिस्काउंट, जिम आ रेस्टोरेंट में मिली छूट

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.